[the_ad_group id="30365"]

जाको राखे साइयां, मार सके ना कोय.. गोरखपुर के इ घटना कउनो चमत्कार से कम नइखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर समाचार : कबो-कबो अइसन घटना आँख से गुजर जाला, देखला के बाद कवना के चमत्कार में विश्वास करे के मन करेला। अइसन कई गो चौंकावे वाला वीडियो वायरल हो गइल बा, देखला के बाद जवना के आँख पर विश्वास नइखे हो सकत। अइसने एगो वीडियो आजकल सोशल मीडिया पर लोग के हैरान कर रहल बा। एह वीडियो में एगो बच्चा के मउत के मुह से निकलत देखल जा सकता।

सोशल मीडिया पे एगो वीडियो क्लिप वायरल हो रहल बा। जवना में देखावल गइल बा कि एगो बच्चा के टक्कर मारला के बाद गाड़ी ओकरा ऊपर से गुजरेले। बाकिर ऊ लइका बाच जाला। वीडियो देखे वाला सभे एकरा के चमत्कार कह रहल बा।

सीसीटीवी फुटेज से लिहल वीडियो क्लिप में बच्ची के सड़क पे अकेले अवुरी आसन्न खतरा से अनजान देखल जा सकता। अचानक उल्टा दिशा से आवत एगो गाड़ी लईकी के टक्कर मार के ओकरा ऊपर से चल गईल।

हालांकि बच्चा चमत्कारिक तरीका से बाच जाला अवुरी घटना के तुरंत बाद ओकरा के अपना दम पे खड़ा अवुरी चलत देखाई देता। इ घटना दु दिन पहिले गोरखपुर जिला में भईल रहे।

साभार- zee news

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]