Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत जोड़ो यात्रा: राहुल के मिलल पूजा भट्ट के साथ, हैदराबाद में पुलिस के धक्का से घायल भइलें पूर्व मंत्री राउत

228
Google Ads 300*250 for posts
सांसद राहुल गांधी के नेतृत्व में जारी कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा आजु सुबह तेलंगाना के राजधानी हैदराबाद से फिर शुरू भइल। यात्रा में फिल्म अभिनेत्री अउर निर्माता पूजा भट्ट भी कुछ देर खातिर शरीक भइल। हैदराबाद में यात्रा के दौरान महाराष्ट्र के पूर्व मंत्री नितिन राउत कथित तौर पर पुलिस के धक्का से गिरकर घाही हो गइलें, उनके अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

भारत जोड़ो यात्रा के आजु 56 वां दिन ह। तेलंगाना में ई पिछला करीब एक सप्ताह से भ्रमण कर रहल बा। एसे पहिले अभिनेत्री पूनम कौर भी राहुल गांधी के साथ यात्रा में शामिल भइल रहली। राहुल गांधी अउर पूनम कौर के एक तस्वीर भी वायरल भइल रहे, जेमें दूनों एक-दूसरा के हाथ पकड़ले नजर आ रहल रहनें। एह तस्वीर के ले के सियासत गरमा गइल रहे। कर्नाटक भाजपा के नेता प्रीति गांधी तस्वीर के शेयर करत लिखले रहनें ‘अपने परदादा के पदचिह्न पर चलत!’ एह ट्वीट के ले के प्रीति गांधी के कड़ आलोचना भइल रहे।

पूर्व मंत्री राउत के आंख अउर हाथ पैर में लागल चोट

भारत जोड़ो यात्रा के दौरान हैदराबाद में पुलिस के धक्का से महाराष्ट्र के पूर्व मंत्री नितिन राउत घाही हो गइल बानें। उनके हैदराबाद के वसावी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। उनकर एक आंख अउर हाथ-पैर में चोट आइल बा।

कांग्रेस नेता राहुल गांधी मंगर के हैदराबाद के पहचान चार मीनार के सामने तिरंगा फहरवले रहनें। करीब 32 साल पहिले उनके पिता अउर तत्कालीन पार्टी अध्यक्ष राजीव गांधी ओही स्थान से ‘सदभावना यात्रा’ के शुरुआत कइले रहनें। राहुल गांधी जब राष्ट्रीय ध्वज फहरवलें तब कांग्रेस महासचिव जयराम रमेश, वरिष्ठ पार्टी नेता दिग्विजय सिंह, तेलंगाना प्रदेश कांग्रेस समिति (टीपीसीसी) के अध्यक्ष रेवंथ रेड्डी भी मौजूद रगलें। राहुल गांधी ‘भारत जोड़ो’ के नारा अउर सड़क किनारे ठाढ़ भीड़ के बीच चारमीनार पहुंचलें। एह दौरान चारमीनार जाए वाले सड़क पर बड़ संख्या में पार्टी के झंडा के संगे कार्यकर्ता मौजूद रहलें। 

एह मौका पर राहुल गांधी मंच पर पिता राजीव गांधी के तस्वीर पर पुष्प अर्पित कs के उनके श्रद्धांजलि देहलें।

367350cookie-checkभारत जोड़ो यात्रा: राहुल के मिलल पूजा भट्ट के साथ, हैदराबाद में पुलिस के धक्का से घायल भइलें पूर्व मंत्री राउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.