[the_ad_group id="30365"]

Johnny Depp: जॉनी डेप के फिलिम ‘जीन डू बैरी’ खातीर कान 2023 में मिलल स्टैंडिंग ओवेशन, भावुक भइनs एक्टर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कान फिल्म फेस्टिवल शुरू हो गइल बा। एह महोत्सव में हॉलीवुड अभिनेता जॉनी डेप के वापसी फिल्म ‘जीन डु बैरी’ के प्रीमियर भइल। एह खास मौका पे अभिनेता के सात मिनट के खड़ा होके ताली बजावल गइल। जॉनी उनका प्रति ई प्यार आ सम्मान देख के भावुक हो गइलन। उनकर एगो वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल हो रहल बा।

अभिनेता उतार चढ़ाव से गुजर चुकल बाड़े

जॉनी डेप अपना जिनिगी में बहुते उतार चढ़ाव से गुजर चुकल बाड़न। पिछला कुछ साल उनुका खातिर मुश्किल रहल बा। अभिनेता के पूर्व पत्नी एम्बर हर्ड उनुका पे गंभीर आरोप लगवली। एकरा बाद डेप अपना पूर्व पत्नी पे भी 5 करोड़ डॉलर के सार्वजनिक मानहानि के मुकदमा कईले। एह मानहानि के मामिला में जॉनी डेप एम्बर हर्ड के खिलाफ जीतले रहले। जॉनी अब अपना प्रोफेशनल जिनिगी में दमदार वापसी कइले बाड़न।

जॉनी डेप के छलक गइल लोर 

जॉनी डेप ‘जीन डु बैरी’ का माध्यम से वापसी कइले बाड़न। ई फिलिम कान महोत्सव 2023 में देखावल गइल। एह खास मौका पे अभिनेता के खड़ा होके ताली बजावल गइल। ताली के आवाज से पूरा हॉल गूँज उठल। जॉनी डेप के एह फिलिम पे सभे खुश लउकल। खुशी आ इज्जत के खास मौका पे जॉनी डेप के आंख में खुशी के लोर उमड़ गईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]