Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Airtel पऽ कहर बन के टूटल Jio, फ्री 100GB सर्विस बिगड़लस खेल

1,574
Google Ads 300*250 for posts

जियो पछिला कुछ साल में अइसन इकोसिस्टम बनवले बा, जवना के चलते एयरटेल के परेशानी लगातार बढ़ता। असल में जियो में दूरसंचार संचालक होखे के अलावे ओटीटी सेवो बा। एकरा अलावे जियो के ओर से क्लाउड सर्विस आ एआई सेवा शुरू कइल जाता, जवना के शुरुआती दौर में जियो मुफ्त दे रहल बा, जवना के चलते एयरटेल अउरी वोडाफोन-आइडिया से जियो में बड़ यूजर बेस शिफ्ट हो सकऽता।

जियो के डाटा आ कॉलिंग सेवा

जियो सबसे कम दर प डाटा अउरी कॉलिंग सेवा देवेला। एकरा अलावे जियो इंटरनेशनल रोमिंग सेवा देवेला। जदि रउआ जियो के रिचार्ज करीं तऽ जियोसिनेमा जइसन ऐप के मुफ्त सब्सक्रिप्शन मिल जाई, जवना पs आज आप ओलंपिक, आईपीएल समेत बहुत खेल मुफ्त में देख सकऽतानी। साथही कई तरह के सेवो दिहल जाला। अइसना में बाकी दूरसंचार नेटवर्क के मोकाबला में यूजर जियो के ओर बढ़ेले।

जियो फ्री 100 जीबी डेटा क्लाउड

रिलायंस जियो जियो यूजर के 100GB डाटा क्लाउड दे रहल बा। गूगल के जीमेल में 15 जीबी डेटा दिहल जाला, एहसे अधिका डेटा यूजर के 150 से 500 रुपया के सब्सक्रिप्शन लेवे के पड़ी। बाकिर जियो यूजर के 100GB डेटा दे रहल बा, जवना के माध्यम से जियो यूजर आपन फोटो, वीडियो आ डॉक्यूमेंट के ऑनलाइन सेव के सकेले। ए तरे के सेवा मौजूदा दूरसंचार संचालक एयरटेल, वोडाफोन-आइडिया बीएसएनएल के ओर से ना दिहल जाला।

जियो फोन कॉल एआई फीचर का हऽ

जियो फोन कॉल एआई फीचर जियो के ओर से दिहल गइल बा। इ आवे वाला फोन कॉल में एआई के एकीकृत करेला। जियो फोन कॉल एआई में यूजर के रियल टाइम ट्रांसलेशन के सुविधा मिलेला। एह में कवनो भाषा के दोसरा भाषा में अनुवाद कइल जा सकेला। एह सेवा में रियल टाइम अनुवाद कइल जा सकेला। जियो फोन कॉल एआई कई भाषा के समर्थन के संगे आवेला। एह में प्रयोगकर्ता लोग के कई गो भाषा के समर्थन मिली। एकरा अलावे जियो टीवी ओएस अवुरी जियो टीवी प्लस सेवा दिहल जाता, जवन कि कवनो दोसर दूरसंचार ऑपरेटर नइखे देत।

947410cookie-checkAirtel पऽ कहर बन के टूटल Jio, फ्री 100GB सर्विस बिगड़लस खेल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.