[the_ad_group id="30365"]

जिओ लॉन्च करी सबसे सस्ता 5G फोन, जानीं फीचर्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड के आज 45वीं वार्षिक आम बैठक (AGM 2022) भइल। एह बैठक में Jio 5G सेवा के लॉन्च कइलें के घोषणा से साथ कंपनी Jio Phone 5G के लॉन्च कइलें के घोषणा भी कइलें। Jio Phone 5G के गूगल अउर क्वॉलकॉम के साथ पार्टनरशिप में लॉन्च कइल जाई। ई 5G कनेक्टिविटी वाला सबसे सस्ता फोन भी होई। एह फोन के क्वॉलकॉम के स्नैपड्रैगन 480 5G प्रोसेसर के साथ पेश कइल जाई।

Jio Phone 5G के ई हो सकsता विशेषता

Jio Phone 5G के फीचर्स के बात कइल जाय त एहमें 6.5 इंच के HD+ IPS LCD डिस्प्ले मिल सकत बा, जौन 1600×720 पिक्सल रिजॉल्यूशन के साथ आवsला। फोन के संगे स्नैपड्रैगन 480 5G प्रोसेसर अउर 4 जीबी रैम के साथ 32 जीबी के स्टोरेज मिली। बता देईं कि ई सबसे सस्ता 5जी प्रोसेसर हवे।

फोन के दूसर स्पेसिफिकेशन के बात करीं त Jio Phone 5G में 13 मेगापिक्सल के प्राइमरी लेंस अउर 8 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा मिल सकsता। Jio Phone 5G में 5,000mAh के बैटरी देखे के मिल सकsता, जेमें 18W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट होई। फोन में चार्जिंग खातिर यूएसबी टाइप-सी पोर्ट अउर साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर भी मिल सकsता

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]