[the_ad_group id="30365"]

झारखंड अपडेट्स: आचार संहिता उल्लंघन ममिला में लालू यादव पs लागल छव हजार के जुर्माना, केस खत्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव बुध के सबेरे साढ़े सात बजे आदर्श चुनाव आचार संहिता उल्लंघन के ममिला में पलामू कोर्ट में पेश भइले। ई ममिला सतीश कुमार मुंडा न्यायिक दंडाधिकारी प्रथम श्रेणी के एमपी-एमएलए स्पेशल कोर्ट में चलत रहे। कोर्ट एह ममिला में लालू यादव पs छव हजार रुपिया के जुर्माना लगावत केस खत्म करे के फसीला सुनवलस। लालू के तरफ से कोर्ट में हाई कोर्ट के वकील प्रभात कुमार सिंह पैरवी कइले। लालू के वकील धीरेंद्र कुमार सिंह उर्फ पप्पू सिंह एकर जानकारी देले। लालू पs गढ़वा जिला में 2009 में ममिला दर्ज भइल रहे। एह ममिला में लालू जमानत पs चलत रहस।

पलामू कोर्ट मॉर्निंग चल रहल बा। लिहाजन सबेरे 7:30 बजे कोर्ट खुलला के संगही लालू यादव कोर्ट में पहुंच गइले। ई ममिला चुनावी सभा के दौरान निर्धारित स्थान से दूसरा स्थान पs हेलिकॉप्टर लैंड करे से जुड़ल रहे। कोर्ट में पेश होखला के बाद लालू यादव बाहर निकल गइले। ऊ सबेरे करीब 11:00 बजे हेलिकॉप्टर से पटना खातिर रवाना होइहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]