[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में सियासी हलचल तेज, साँझ चार बजे राज्यपाल से मिली यूपीए के प्रतिनिधिमंडल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में सियासी संकट के बीच बड़ खबर आ रहल बा। बतावल जा रहल बा कि UPA प्रतिनिधिमंडल आज साँझ 4 बजे राज्यपाल रमेश बैस से मुलाकात करी। उहवें सूत्र के हवाले से जानकारी इहो आ रहल बा कि एह दौरान मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन विधानसभा सदस्यता से इस्तीफा भी दे सकत बानें।

दरअसल, हालही में चुनाव आयोग हेमंत सोरेन के खिलाफ लाभ के पद के मामिला में आपन सिफारिश राज्यपाल के भेजले रहे। एहमें सोरेन के विधानसभा सदस्यता रद्द कइलें के सलाह दीहल गइल रहे। हालांकि, राज्यपाल रमेश बैस अभीन ले एह मामला में कौनो फैसला नाइ लिहल गइल बा।

यूपीए लगवलस राज्यपाल पs खरीद-फरोख्त के बढ़ावा देहले के आरोप
एगो संयुक्त बयान में यूपीए विधायक लोग कहल, का राजभवन समय बढ़ाकर (निर्णय के सार्वजनिक कइलें में) खरीद-फरोख्त के बढ़ावा देहल चाहsताने … कानूनी सलाह का ह जौन ऊ लेहले में सक्षम नाइ बानें? ई लोकतंत्र अउरी लोग के अपमान बा। बयान में राज्यपाल से राज्य के अराजकता के ओर धकेलले से बचावे के आग्रह कइल गइल बा। कहल गइल कि “संविधान रउआ के कंधा पs आदिवासी-दलितन के अधिकार के रक्षा कइले के जिम्मेदारी देहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]