Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jharkhand: झारखंड के मंत्री आलमगीर आलम के छह दिन के ईडी रिमांड प भेजल गइल, नकद वसूली के मामिला में गिरफ्तार

224

झारखंड : ईडी (प्रवर्तन निदेशालय) झारखंड के मंत्री आलमगीर आलम के अपना निजी सचिव संजीव लाल के घरेलू मदद के घर से भारी नकदी के बरामदगी के मामला में गिरफ्तार क लेलस। गुरुवार के रांची के विशेष पीएमएलए कोर्ट में उनका के पेश कइल गइल, जहां से उनका के 6 दिन के ईडी रिमांड प भेजल गइल बा।

झारखंड के मंत्री आ कांग्रेस नेता आलमगीर आलम के केंद्रीय जांच एजेंसी ईडी गुरुवार के रांची के विशेष पीएमएलए कोर्ट में पेश कइले। उनकर निजी सचिव संजीव लाल के घरेलू मदद के घर से भारी नकदी के बरामदगी के मामला में बुधवार के ईडी (प्रवर्तन निदेशालय) उनका के गिरफ्तार कइले रहे।

पीएमएलए के विशेष अदालत मंत्री आलमगीर आलम के छह दिन के ईडी रिमांड भेज दिहले बिया । भारत के अपर सॉलिसिटर जनरल अनिल कुमार कहले कि हमनी के 10 दिन के ईडी रिमांड मंगले बानी। कोर्ट उनका (झारखंड के मंत्री आलमगीर आलम) के 6 दिन के रिमांड प भेज देले बिया। कुमार बतवले कि पूरा नकदी (जवन उनका पीएस संजीव लाल के घरेलू नौकर से बरामद भइल रहे) जवन उनकर ह।

 

828990cookie-checkJharkhand: झारखंड के मंत्री आलमगीर आलम के छह दिन के ईडी रिमांड प भेजल गइल, नकद वसूली के मामिला में गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.