[the_ad_group id="30365"]

मध्य प्रदेश के झाबुआ में बड़ सड़क हादसा, टैंकर आ कार के टक्कर में एके परिवार के 9 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के झाबुआ में एगो बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा. एगो टैंकर आ एगो कार के बीच भइल भयानक टक्कर में 9 लोग के मउत हो गइल. मरेवाला सभे एकही परिवार के सदस्य रहले। जानकारी के मुताबिक गाड़ी में सवार परिवार बियाह के रस्म से लवटत रहे। एही बीच मेघनगर थाना क्षेत्र के सजेली गेट के लगे कार ट्रक से टकरा गईल। टक्कर एतना भयंकर रहे कि गाड़ी के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। मरेवाला में 2 पुरुष, 3 महिला अवुरी 4 बच्चा शामिल बाड़े। सभे एके परिवार के सदस्य रहले।

जानकारी के मुताबिक झाबुआ जिला के थांदला थाना के नोगावा चौकी से कुछ दूरी पs सजेली गेट के नजदीक एगो टैंकर अवुरी एगो कार के टक्कर हो गईल। एs दुर्घटना में कार में सवार 9 लोग के मौका पs मौत हो गईल जबकि दु लईकी घाही हो गईली। घाही लईकिन के गांव के लोग नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]