JEE Main 2024 Result: जेईई मेन पेपर 2 के परिणाम जारी, तुरंत कs लीं डाउनलोड; खाली एतना दिन तक रही उपलब्ध

Share

JEE Main 2024 : राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी जेईई मेन सत्र 1 के पेपर 2 के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। बीआर्क आ बीप्लान पेपर में सामिल भइल उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट jeemain.nta.ac.in पs जाके रिजल्ट देख सकत बानी। जेईई मेन पेपर 2 में कुल 55, 493 उम्मीदवार सामिल भइल रहे लो। जेईई मेन स्कोर कार्ड 2024 डाउनलोड करे खातिर, उम्मीदवारन के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन जेईई मेन पंजीकरण नंबर जन्म तिथि दर्ज करे के होई।

जेईई मेन 2024 बीआर्क आ बीप्लानिंग परीक्षा खातिर कुल 74,002 उम्मीदवार लोग पंजीकरण करावे के रहे, जेमे से 55,493 l परीक्षा के खातिर उपस्थित भइल लो। एनटीए 24 जनवरी के दूसरका पाली में जेईई मेन बीआर्क परीक्षा आयोजित कइल गइल रहे।

बीआर्क आ बीप्लानिंग, दुनो परीक्षा तीन घंटा 30 मिनट खातिर आयोजित कइल गइल। जेईई मेन्स पेपर 2ए प्रश्न में गणित, एप्टीट्यूड टेस्ट आ ड्राइंग टेस्ट सेक्शन रहे, जबकि पेपर 2बी बीप्लानिंग में गणित, एप्टीट्यूड टेस्ट आ प्लानिंग-आधारित प्रश्न रहे। पेपर 2ए आ 2बी के अंतिम उत्तर कुंजी हाले में प्रकाशित कइल गइल रहे।

90 दिनन तक संरक्षित रही रिकॉर्ड

जेईई मेन 2024 सूचना बुलेटिन के मोताबिक, एनटीए बतवके बा कि जेईई मेन 2024 के रिकॉर्ड परिणाम घोषणा के तारीख से खाली 90 दिनन तक संरक्षित रखल जाई। एहिसे, छात्रन के सलाह दिहल जाला कि उ जेईई मेन पेपर दु के परिणाम 2024 के प्रिंटआउट लीं आ एकरा के भविष्य के संदर्भ खातिर सहेज लें।

जेईई मेन पेपर 2 परिणाम 2024 के जांच कइसे करीं

उम्मीदवार जेईई मेन सत्र 2 पेपर 2 स्कोर कार्ड डाउनलोड करे खातिर l नीचे दिहल गइल चरणन के पालन कs सकत बा लो:

  • एनटीए जेईई मेन के आधिकारिक वेबसाइट jeemain.nta.ac.in 2024 पs जाई।
  • एकरा बाद, होमपेज पs जेईई मेन सेशन 2 स्कोर कार्ड लिंक पs क्लिक करीं।
  • आपन लॉगिन क्रेडेंशियल जइसे आवेदन संख्या, जन्म तिथि आ सुरक्षा पिन दर्ज करीं।
  • “सबमिट” बटन पs क्लिक करीं।
  • जेईई मेन्स स्कोर कार्ड प्राप्त अंकन आ प्रतिशत के विवरण के संगे प्रदर्शित कइल जाई।
  • भविष्य के संदर्भ खातिर जेईई मेन्स परिणाम डाउनलोड करीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-