[the_ad_group id="30365"]

13 मार्च तक पीजी में एडमिशन के अंतिम तारीख : यूनिवर्सिटी तीसरी बेर नामांकन के तारीख बढ़वलस, ऑनलाइन फॉर्म भरल जा सकत बा

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

13 मार्च तक पीजी में एडमिशन के अंतिम तारीख : यूनिवर्सिटी तीसरी बेर नामांकन के तारीख बढ़वलस, ऑनलाइन फॉर्म भरल जा सकत बा

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के स्नातकोत्तर सत्र 2022-24 के पहिला सेमेस्टर में नामांकन के तीसरका सूची विश्वविद्यालय कावर से जारी कs दिहल गइल बा। एह सूची में खाली ओह अभ्यर्थियन के सम्मिलित कइल बा। जे पिछिला दु से छव मार्च, 2024 के बीच गूगल फॉर्म के माध्यम से विश्वविद्यालय के अधिकृत वेबसाइट पs आवेदन कइले रहे। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के आधिकारिक वेबसाइट से गूगल फॉर्म भरे वालन के नामांकन के अंतिम मवका मिली।

13 मार्च के जारी होई तीसरका सूची

तीसरका सूची में सामिल विद्यार्थियन के नामांकन खातिर अंतिम तिथि 13 मार्च 2024, के प्रकाशित होई। एकरा अलावे विश्वविद्यालय कावर से ओहू अभ्यर्थियन के एगो अंतिम अवसर देवे के निर्णय लिहल गइल बा। जेकरा नामांकन के पहिला आ दूसरका सूची में रहे, बाकिर ऊ कवनो कारणवश नामांकन नइखे करा सकत रहे लो। अइसन में अभ्यर्थी पहिले कइल गइल ऑनलाइन शुल्क भुगतान के रिसिट के संगे दिनांक-12/3/2024 तक विश्वविद्यालय के वेबसाइट www.jpv.ac.in पs गूगल फॉर्म भरके ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा।

नामांकन खातिर आ ओहि अभ्यर्थियन के नामन पs विचार कइल जाई। जे गूगल फॉर्म के माध्यम से आवेदन कइले होई। एकरा अलावे नामांकन के इच्छुक ओइसन अभ्यर्थी जवन कवनो कारणवश अबतक आवेदन नइखे कs सकत लो, उहो 12 मार्च, 2024 तक गूगल फॉर्म के माध्यम से विश्वविद्यालय के वेबसाइट पs आवेदन कइल जा सकत बा। 13 मार्च के अंतिम मेधा सूची के प्रकाशन कइल जाई। जवना से सब विद्यार्थियन के मवका मिल सके। जय प्रकाश विश्वविद्यालय कावर से पीजी के रिक्त सीटन के भरे खातिर लगातार प्रयास कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]