JEE Advanced Result 2025: जेईई एडवांस्ड परीक्षा के परिणाम सहित फाइनल उत्तर कुंजी जारी, देखीं कटऑफ

Share

एजुकेशन डेस्क: JEE Advanced Result 2025: इंजीनियरिंग के प्रतिष्ठित संस्थान आईआईटी में दाखिला खातिर आयोजित जेईई एडवांस्ड 2025 के रिजल्ट आज जारी कs दिहल गइल बा। परीक्षार्थी आपन स्कोरकार्ड आधिकारिक वेबसाइट jeeadv.ac.in पs जाके देख सकत बा लोग। संगही, फाइनल आंसर की जारी कs दिहल गइल रहे। परीक्षा में कुल 1 लाख 90 हजार से जादे छात्र-छात्रा रजिस्ट्रेशन करवले रहे लोग। परीक्षा कुल 360 अंकन के रहल, जेमे पेपर-1 आ पेपर-2 दुनुए 180-180 अंकन के रहे।

एह प्रतिष्ठित परीक्षा में आईआईटी दिल्ली जोन के राजित गुप्ता सानदार प्रदर्शन करत 332 अंक प्राप्त कs के ऑल इंडिया रैंक 1 (AIR 1) हासिल कइले रहस। ओहिजा, आईआईटी खड़गपुर जोन के देवदत्ता माझी AIR 16 के संगे महिला टॉपर के खिताब अपना नावे कइले बाड़ी।

जेईई एडवांस्ड 2025 कटऑफ

जेईई एडवांस्ड 2025 के कटऑफ प्रतिशत के रूप में जारी कइल गइल बा, जवना से परीक्षार्थियन के ई समझला में आसानी होखे कि ओह लोगन के कुल अंकन में से केतना प्रतिशत अंक लियाआवल अनिवार्य रहे। एह साल कॉमन रैंक लिस्ट (CRL) खातिर न्यूनतम कटऑफ 20.56% रहल बा। ओहिजा, ओबीसी-एनसीएल आ जनरल ईडब्ल्यूएस वर्ग खातिर ई कटऑफ 18.50% तय कइल गइल बा। एससी आ एसटी वर्ग के उम्मीदवारन खातिर ई न्यूनतम योग्यता प्रतिशत 10.28% रहल। एह कटऑफ के आधार पs अभ्यर्थी आपन पात्रता के मूल्यांकन कs सकत बा लोग आ आगे के काउंसलिंग प्रक्रिया में भाग लेवे के तइयारी कs सकत बा लोग।

श्रेणीकटऑफ प्रतिशत (%)
कॉमन रैंक लिस्ट (CRL)20.56%
ओबीसी-एनसीएल (OBC-NCL)18.50%
जनरल ईडब्ल्यूएस (GEN-EWS)18.50%
एससी (SC)10.28%
एसटी (ST)10.28%

18 मई के भइल रहे जेईई एडवांस्ड परीक्षा

एह साल जेईई एडवांस्ड परीक्षा के आयोजन 18 मई के दु पालियन में किया गइल रहे। ई परीक्षा देस के 222 शहरन के अलावे काठमांडू आ दुबई सहित कुल 224 परीक्षा केंद्रन पs संपन्न भइल रहे। जेईई एडवांस्ड 2025 के आयोजन अबकी बेर आईआईटी कानपुर के ओर से कइल गइल।

छह चरणन में होई काउंसलिंग

एह साल JoSAA काउंसलिंग 2025 के माध्यम से देसभर के 23 आईआईटी, 32 एनआईटी, 26 ट्रिपल आईटी आ 47 जीएफटीआई संस्थानन में प्रवेश प्रक्रिया आयोजित कइल जाई। ई पूरा प्रक्रिया ऑनलाइन मोड में संपन्न होई। काउंसलिंग 3 जून से 28 जुलाई के बीच कुल छह चरणन में आयोजित कइल जाई।

एमे भाग लेवे खातिर उम्मीदवारन के 3 जून से 12 जून सांझ 5 बजे तक JoSAA के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन आ कॉलेज च्वाइस फिलिंग करे के होई। पहिला चरण के सीट अलॉटमेंट सूची 14 जून के जारी कइल जाई। जवना उम्मीदवारन के पहिला राउंड में सीट आवंटित होई, ओह लोगन के 19 जून तक ऑनलाइन रिपोर्टिंग कs के सीट एक्सेप्टेंस फीस जमा कs के आपन सीट के कन्फर्म करे के होई।

एकरा बाद काउंसलिंग के बाकी चरणन में क्रमशः दूसरका राउंड के सीट अलॉटमेंट 21 जून, तीसरका राउंड के 28 जून, चउथा राउंड के 4 जुलाई, पांचवां राउंड के 10 जुलाई आ अंतिम छठा राउंड के सीट अलॉटमेंट 16 जुलाई के जारी कइल जाई।

आईआईटी आ एनआईटी में 20 फीसदी गर्ल्स सीट

आईआईटी आ एनआईटी में 20 फीसदी अतिरिक्त सीटन पs बेटियन के दाखिला मिली। एह अतिरिक्त सीटन से आउर आरक्षित सीटन में कवनो कटौती नइखे भइल। एकर मकसद बेटियन के देस के इंजीनियरिंग प्रीमियम संस्थानन से जोड़ल बा।

कइसे चेक करीं रिजल्ट

  • सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट jeeadv.ac.in पs जाईं।
  • ‘JEE Advanced Result 2025’ लिंक पs क्लिक करीं।
  • रोल नंबर, डेट ऑफ बर्थ आ मोबाइल नंबर डालीं।
  • सबमिट करतही रिजल्ट स्क्रीन पs आ जाई।
  • स्कोरकार्ड डाउनलोड कs लीं आ भविष्य खातिर प्रिंट आउट सुरक्षित रखीं।

Read Also: जेईई एडवांस्ड 2025 के परिणाम में रजित गुप्ता कइले टॉप, ईहां देखीं टॉप 5 के टॉपर लिस्ट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-