जेईई एडवांस्ड 2025 के परिणाम में रजित गुप्ता कइले टॉप, ईहां देखीं टॉप 5 के टॉपर लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2025

जेईई एडवांस 2025 के रिजल्ट आईआईटी कानपुर द्वारा घोषित कs दिहल गइल बा। रिजल्ट आ फाइनल आंसर के कुंजी दुनु आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कs दिहल गइल बा. दुनो के लिंक आधिकारिक वेबसाइट पs उपलब्ध

Share

जेईई एडवांस 2025 के रिजल्ट आईआईटी कानपुर द्वारा घोषित कs दिहल गइल बा। रिजल्ट आ फाइनल आंसर के कुंजी दुनु आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कs दिहल गइल बा. दुनो के लिंक आधिकारिक वेबसाइट पs उपलब्ध बा। एह परीक्षा में आइल उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आपन रिजल्ट जाँच आ डाउनलोड कs सकेलें. जेईई एडवांस के कॉमन रैंक लिस्ट (सीआरएल) में आईआईटी दिल्ली जोन के रजित गुप्ता सबसे ऊपर बाड़े। उनुका 360 में से 332 अंक मिलल बा, आईआईटी खड़गपुर जोन के देवदत्ता माझी के सीआरएल में 16वां स्थान मिलल बा, जवना के संगे उs टॉप रैंकिंग वाली महिला उम्मीदवार बाड़ी। उनुका 360 में से 312 अंक मिलल बा।

जेईई एडवांस्ड टॉप 5 टॉपर


रजित गुप्ता
सक्षम जिंदल
माजिद मुजाहिद हुसैन
पार्थ मंदार वार्टक
उज्ज्वल केसरी

जेईई एडवांस 2025 के रिजल्ट: जांच कईसे कईल जाला

उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के पालन कs के आपन रिजल्ट जाँच सकेलें।
रिजल्ट जाँचे खातिर उम्मीदवारन के पहिले आधिकारिक वेबसाइट पs जाए के पड़ी.
एकरा बाद उम्मीदवार के होमपेज पs जेईई एडवांस्ड 2025 के रिजल्ट के लिंक पs क्लिक करे के होई।
अयीसन कईला के बाद एगो विंडो खुल जाई।
अब उम्मीदवार ओहिजा पूछल विवरण भर के जमा कs देलें.
अयीसन कईला के बाद रिजल्ट आपके सोझा खुल जाई। अब उम्मीदवार रिजल्ट जाँच के डाउनलोड करस. अंत में उम्मीदवारन के प्रिंटआउट लेबे के चाहीं.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.