गोरखपुर : जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के 37वां इंस्टॉलेशन समारोह के आयोजन 17 जनवरी के सांझ 8 बजे बहुते भव्य आ सानदार ढंग से भइल। एह खास अवसर पs बरिस 2026 खातिर नवगठित कार्यकारिणी Team 2026 के विधिवत शपथ ग्रहण समारोह सम्पन्न भइल।
कार्यक्रम के मुख्य अतिथि के रूप में गोरखपुर नगर निगम के महापौर डॉ. मंगलैश कुमार श्रीवास्तव उपस्थित रहलें, जबकि विशिष्ट अतिथि के रूप में अतुल सराफ समारोह के गरिमा बढ़वलें। कार्यक्रम में बतौर मुख्य वक्ता जेसीआई सेन नवीन के अग्रवाल (President 1988) मौजूद रहलें, जे अपना प्रेरणादायी संबोधन से सब सदस्यन के मार्गदर्शन कइलें।
इंस्टॉलेशन ऑफिसर के रूप में जेडवीपी, जेसीआई इंडिया- जोन 3, जेसी सूरज बग्गा उपस्थित रहलें, जिनका द्वारा नव-निर्वाचित कार्यकारिणी के पद आ गोपनीयता के शपथ दिलावल गइल।
जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के नव-निर्वाचित पदाधिकारी
वर्ष 2026 खातिर जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के कार्यकारिणी में
अध्यक्ष- जेसी सीए सौरभ अग्रवाल
सचिव- जेसी किशन अग्रवाल
कोषाध्यक्ष- जेसी विभोर पोद्दार
उपाध्यक्ष- जेसी बिट्टू जालान, जेसी निखिल बुधवानी, जेसी अनुपम अग्रवाल, जेसी अभिनव अग्रवाल
संयुक्त सचिव- जेसी सौरभ जालान
जनसंपर्क अधिकारी- जेसी विकास स्वरूप
निदेशक- जेसी चंदन अग्रवाल, जेसी आयुष्मान केडिया, जेसी संदीप अग्रवाल, जेसी नमन स्याल, जेसी आदिश जैन आ जेसी प्रतीक वैष सामिल रहल लोग।
गोरखपुर मिडटाउन लेडी-टीम 2026 लेलस शपथ
समारोह में जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन लेडी विंग के Team 2026 के शपथ ग्रहण भइल।
लेडी विंग के कार्यकारिणी में
चेयरपर्सन- जेसीरेट तान्या जैसवाल
चेयर सेक्रेटरी- जेसीरेट नेहा तिबरेवाल
कोषाध्यक्ष- जेसी कृति गर्ग
संयुक्त सचिव- श्वेता सिंह
उपाध्यक्ष- जेसीरेट नेहा चौधरी, जेसीरेट वर्षा अग्रवाल, जेसीरेट पूजा राज, जेसीरेट अर्चना श्रीवास्तव, जेसीरेट हर्षिता अग्रवाल
निदेशक- जेसीरेट आयुषी अग्रवाल, जेसीरेट आकांक्षा अग्रवाल, जेसीरेट रिया जैन, जेसीरेट अर्चना खटुवाला, जेसीरेट प्रतिभा जैन, जेसीरेट ज्योति गोयनका आ फर्स्ट लेडी स्वीटी अग्रवाल सामिल रहल लोग।
समाजसेवा आ नेतृत्व विकास पs खास फोकस
कार्यक्रम के दौरान जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के ओर से बरिस 2026 में समाजसेवा, नेतृत्व विकास आ जनहित से जुड़ल कामन के आउर प्रभावी ढंग से आगे बढ़ावे के संकल्प लिहल गइल।
लकी ड्रॉ बनल आकर्षण के केंद्र
समारोह के दौरान आयोजित लकी ड्रॉ कार्यक्रम के आकर्षण के केंद्र रहल, जवना में सब सदस्य बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल लोग आ आकर्षक उपहार जीत के समारोह के आनंद उठावल।
कार्यक्रम के अंत में सब अतिथियन आ उपस्थित सदस्यन के प्रति आभार व्यक्त करत समारोह के समापन कइल गइल। एह आयोजन से जुड़ल जानकारी संस्था के जनसंपर्क अधिकारी जेसी विकास स्वरूप के ओर से दिहल गइल।







