[the_ad_group id="30365"]

PM Modi Malda Rally : पीएम मोदी के टीएमसी पs जोरदार हमला, कहलें-घुसपैठिया लोग हक छीन रहल बा… भाजपा सरकार बनतही कार्रवाई होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम बंगाल के मालदा में भइल रैली में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी केंद्र सरकार के योजना, भाजपा के बढ़त आ तृणमूल कांग्रेस (TMC) सरकार पs तीखा हमला करत बड़ राजनीतिक संदेश देलें। पीएम मोदी कहलें कि ऊ चाहत बाड़ें कि बंगाल के हर गरीब परिवार के पक्का मकान होखे, हर जरूरतमंद के मुफ्त राशन मिले आ केंद्र सरकार के सब जनकल्याणकारी योजना के पूरा फायदा गरीबन तक पहुंचे। बाकिर दुर्भाग्य से बंगाल में ई सब ठीक से लागू नइखे हो पा रहल।

घुसपैठ के मुद्दा पs टीएमसी पs बड़ हमला

पीएम मोदी रैली में कहलें कि बंगाल के लोगन के हक घुसपैठिया लोग छीन रहल बा। ऊ साफ शब्दन में कहलें कि जइसही बंगाल में भाजपा के सरकार बनी, ओइसही घुसपैठियन पs कड़ा कार्रवाई कइल जाई। संगही बंगाल के जनता के हक आ अधिकार पूरा तरे सुरक्षित कइल जाई।

केंद्र के योजना बंगाल तक काहे नइखे पहुंचत?

प्रधानमंत्री आरोप लगवलें कि पश्चिम बंगाल के टीएमसी सरकार बेहद असंवेदनशील आ निर्दयी रवैया अपनवले बिया। उनकर कहनाम रहे कि केंद्र सरकार गरीबन खातिर जवन पईसा भेजेले, ओकरा के टीएमसी के नेता लूट लेत बा लोग। पीएम मोदी कहलें कि गरीबन के हक के पईसा गरीबन तक पहुंचला के जगे बीचे में गायब हो जा रहल बा। ऊ जनता से सवाल कइलें कि अइसन सरकार के दोबारा मवका देवे के चाहीं का, जवन गरीबन के संगे अन्याय करत बिया?

अब बंगाल में बदलाव काहे जरूरी बा?

पीएम मोदी कहलें कि जवना इलाकन में सालन तक भाजपा के खिलाफ झूठ फइलावल गइल आ अफवाह उड़ावल गइल, उहवो अब जनता भाजपा के आसीरबाद दे रहल बिया। पूरा भरोसा जतावत पीएम मोदी कहलें कि अबकि बर बंगाल के जनता भाजपा के जीत दिलाई। उनका मोताबिक अब देस के माहौल बदल गइल बा आ लोग विकास आ सुशासन के राजनीति के तरजीह दे रहल बा।

विकसित भारत आ पूर्वी भारत के कनेक्शन

प्रधानमंत्री कहलें कि भारत 2047 तक विकसित देस बने के लक्ष्य पs काम करत बा, आ एमे पूर्वी भारत के विकास बहुते जरूरी बा। ऊ कहलें कि दशकन तक पूर्वी भारत नफरत के राजनीति में फंसल रहल, जवना से विकास रुक गइल। पीएम मोदी दावा कइलें कि भाजपा पूर्वी राज्यन के एह राजनीति के जाल से बाहर निकललस। उनका अनुसार, जदि पूर्वी भारत के भरोसा कवनो एगो पार्टी पs बा, तs ऊ पार्टी भजपे बिया।

पीएम मोदी कहलें कि आज बंगाल देस के एकमात्र राज्य बा, जहां आयुष्मान भारत योजना लागू नइखे भइल। उनकर आरोप बा कि टीएमसी सरकार जानबूझके बंगाल के जनता के एह योजना के लाभ लेवे से रोक रहल बिया। ऊ कहलें कि केंद्र सरकार के पीएम सूर्य घर मुफ्त बिजली योजना से देस भर में लाखन परिवारन के बिजली बिल जीरो हो गइल बा, बाकिर बंगाल में एह योजना के आगे बढ़े नइखे दिहल जा रहल। पीएम मोदी जनता से अपील कइलें कि अइसन निरदयी सरकार के बंगाल से बिदा कइल जरूरी बा, ताकि गरीबन के ओकर हक मिल सके।

Read Also: BMC Election Results : बीएमसी के सब चुनावी नतीजा घोषित, भाजपा-शिंदे गुट के साफ बहुमत; राज ठाकरे के MNS ओवैसी के पार्टी से पीछे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]