Ind vs Sl: जसप्रीत बुमराह के भइल वापसी, श्रीलंका के खिलाफ एक्शन में अइहें नजर

Share

भारत के स्टार गेंदबाज जसप्रीत बुमराह जवन लमहर वक्त से चोट के कारण बाहर चलत रहलें, जल्दिये एक्शन में नजर आई लोग। भारतीय फैंस के संगे-संगे टीम इंडिया खातिर एगो बेहद निम्मन खबर बा। उनका के श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज के टीम में सामिल कs लिहल गइल बा। टी20 वर्ल्ड कप से बाहर होखे से पहिले ऊ अपना आखिरी मैच सितंबर में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलले रहस।

बीसीसीआइ के तरफ से ई जानकारी साझा कइल गइल बा, जेमे बतावल गइल बा कि ऑल इंडिया सीनियर सेलेक्शन कमेटी तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के श्रीलंका के खिलाफ आगामी 3 मैचने के वनडे सीरीज खातिर भारत के टीम में सामिल कइल गइल बा।

बुमराह सितंबर 2022 से क्रिकेट के मैदान से दूर रहलें। पीठ के चोट के कारण ऊ आईसीसी मेंस टी20 वर्ल्ड कप से बाहर हो गइलें। बाकिर रिहैबिलिटेशन में रह रहल बुमराह के अब राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी (NCA) द्वारा फिट घोषित कइल गइल बा। ऊ जल्दिये टीम इंडिया के वनडे टीम में सामिल होइहें।

बुमराह के टीम इंडिया से जुड़ला से टीम के गेंदबाजी में मजबूती आई। रउआ के बता दीं कि ऊ चोट के कारण पिछला साल भइल एशिया कपो में ना खेल पवले रहस। नतीजा भारतीय टीम एशिया कप के फाइनल में ना पहुंच पाइल। उनकर कमी टीम के टी20 वर्ल्ड कप में खलल, जहां टीम इंडिया 168 रन के डिफेंड ना कs पाइल आ ओकरा 10 विकेट से करारी हार झेले के पड़ल रहे।

श्रीलंका के खिलाफ टीम इंडिया के अपडेटेड वनडे स्क्वॉड

रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या (उप-कप्तान), वाशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अक्षर पटेल, जसप्रीत बुमराह, मो. शमी, मो. सिराज, उमरान मलिक, अर्शदीप सिंह।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-