नयका साल में भारत के पहिला टी20 मुकाबला श्रीलंका से, जानीं कब-कहां देख पाईं मैच

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2023

भारत अउर श्रीलंका के बीच तीन टी20 मैच के सीरीज मंगर (तीन जनवरी) के शुरू हो रहल बा। सीरीज के पहिला मुकाबला मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल जाई। भारत अउर श्रीलंका के टीम 2023

Share

भारत अउर श्रीलंका के बीच तीन टी20 मैच के सीरीज मंगर (तीन जनवरी) के शुरू हो रहल बा। सीरीज के पहिला मुकाबला मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल जाई। भारत अउर श्रीलंका के टीम 2023 में पहिला बेर मैदान पर उतरी। टीम इंडिया के कप्तानी हार्दिक पांड्या के हाथ में बा। नियमित कप्तान रोहित शर्मा अनफिट होखले के चलते एह सीरीज में नाइ खेलल जाई। ऊ वनडे सीरीज से वापसी करिहें।

भारतीय टीम के ‘बिग-थ्री’ रोहित शर्मा, विराट कोहली अउर केएल राहुल के श्रीलंका के खिलाफ सीरीज में शामिल नाइ कइल बा। अइसे में टीम पर हार्दिक के छाप दिखी। एह साल भारत वनडे विश्व कप के मेजबानी करे वाला बा। बीसीसीआई अउर टीम प्रबंधन के पूरा ध्यान ओ टूर्नामेंट पर बा। प्रबंधन एकरे खातिर एक जनवरी के बैठक भी कइलस अउर रोडमैप तैयार कइले बा। उनकर ध्यान टी20 मैच पर कम बा। कोहली, रोहित अउर राहुल के छोट फॉर्मेट से दूर भी रखल जा सकsता। अइसे में हार्दिक के लगे अपने टीम के तैयार करे के पूरा मौका होई।


कब बा भारत अउर श्रीलंका के बीच पहला टी20?

भारत अउर श्रीलंका के बीच पहिला टी20 मैच में तीन जनवरी यानी मंगर से खेलल जाई। भारत अउर श्रीलंका के बीच पहिला टी20 मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल जाई। भारत अउर श्रीलंका के बीच पहिला टी20 मैच भारतीय समयानुसार साँझ के 7:00 बजे से खेलल जाई। टॉस 6:30 बजे होई।

टी20 सीरीज खातिर दूनों टीम :

भारत: हार्दिक पांड्या (कप्तान), ऋतुराज गायकवाड़, शुभमन गिल, सूर्यकुमार यादव, राहुल त्रिपाठी, दीपक हुड्डा, वॉशिंगटन सुंदर, अक्षर पटेल, शिवम मावी, ईशान किशन, संजू सैमसन, युजवेंद्र चहल, अर्शदीप सिंह, हर्षल पटेल, उमरान मलिक, मुकेश कुमार।
श्रीलंका: दसुन शनाका (कप्तान), पथुम निसंका, अविष्का फर्नांडो, चरित असलंका, धनंजय डी सिल्वा, वानिंदु हसरंगा, चामिका करुणारत्ने, सादीरा समरविक्रमा, कुसल मेंडिस, भानुका राजपक्षे, एशेन बंडारा, महीश तीक्षणा, दिलशान मदुशंका, कसुन राजिथा, दुनिथ वेल्लालेज, प्रमोद मदुशन, लाहिरू कुमारा, नुवान तुषारा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.