Jammu & Kashmir : आतंकी मॉड्यूल के भंडाफोड़: दू डॉक्टर सहित सात लोग गिरफ्तार, 2,900 किलो विस्फोटक आ हथियार बरामद

Jammu Kashmir police busts major terror module, arrests seven including two doctors, and seizes 2,900 kg explosives and weapons

Share

श्रीनगर। जम्मू-कश्मीर पुलिस एगो बड़ आतंकवादी नेटवर्क के पर्दाफाश कइलस, जवना के कड़ी अंतरराज्यीय आ अंतरराष्ट्रीय गिरोह से जुड़ल बा। ई नेटवर्क जैश-ए-मोहम्मद आ अंसार गजवत-उल-हिंद जइसन प्रतिबंधित आतंकी संगठन से जुड़ल रहे। पुलिस के एह सफलता से कइयन गो प्रमुख आतंकी आरोपियन के गिरफ्तारी भइल आ ओकनी के लगे से बड़ मात्रा में हथियार, गोला-बारूद आ विस्फोटक सामग्री बरामद भइल बा।

पुलिस के मोताबिक, 19 अक्टूबर 2025 के श्रीनगर के बुनपोरा, नौगाम इलाका में जैश-ए-मोहम्मद के कइयन पोस्टर लगावल गइल रहे, जेमे पुलिस आ सुरक्षा बलन के धमकी दिहल गइल रहे। एह घटना के बाद एफआईआर नंबर 162/2025 दर्ज भइल आ जांच सुरू भइल। जांच में पता चलल कि ई नेटवर्क पढ़ल-लिखल आ पेशेवर नवहन से जुड़ल रहे, जवन बिदेसी संपर्कन के माध्यम से ई काम चलावत रहलें से।

जांच में खुलासा भइल कि ई गिरोह एन्क्रिप्टेड चैनल के माध्यम से भर्ती, समन्वय, फंडिंग आ लॉजिस्टिक सपोर्ट के काम करत रहे। धनराशि पेशेवर नेटवर्क आ शैक्षणिक संपर्क के माध्यम से, सामाजिक भा धर्मार्थ कारण बताके जुटावल जात रहे। ई आरोपी आतंकवाद खातिर नया लोग के पहचान करे, ओकनी के कट्टर बनावे आ हथियार/आईईडी बनावे के सामग्री जुटावे में लागल रहे।

गिरफ्तार आरोपियन के नाम

  • आरिफ निसार दर साहिल (नौगाम, श्रीनगर)
  • यासिर-उल-आशरफ (नौगाम, श्रीनगर)
  • मकसूद अहमद दर शाहिद (नौगाम, श्रीनगर)
  • मौलवी इरफान अहमद (शोपियां)
  • जमीर अहमद आहंगर मुत्लाशा (वाकुरा, गांदरबल)
  • डॉ. मुजम्मिल अहमद गनाई मुसायब (कोइल, पंपोर)
  • डॉ. आदिल (वानपोरा, कुलगाम)

जांच के दौरान श्रीनगर, अनंतनाग, गांदरबल, शोपियां, फरीदाबाद आ सहारनपुर में एकजुट तलाशी अभियान चलावल गइल।

Read Also: Bihar Election 2025 : दुसरका चरण में एनडीए के 122 आ महागठबंधन के 126 उम्मीदवार मैदान में, बड़-बड़ नेता लोग के इज्जत दांव पs

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-