Bihar Election 2nd Phase Voting : अंतिम चरण के मतदान सुरू, आधा दर्जन मंत्रियन सहित 1302 उम्मीदवारन के भाग्य के होई फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2025

पटना : बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के दूसरका आ आखिरी चरण के वोटिंग सुरू हो गइल बा। मतदान केंद्रन पs बड़ संख्या में लोग मतदान करे खातिर पहुंचल बा। बता दीं कि आज 18 जिलन

Share

Bihar Election

पटना : बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के दूसरका आ आखिरी चरण के वोटिंग सुरू हो गइल बा। मतदान केंद्रन पs बड़ संख्या में लोग मतदान करे खातिर पहुंचल बा। बता दीं कि आज 18 जिलन के 122 सीटन पs मतदान हो रहल बा।

राज्य भर में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम

एह चरण में 3.70 करोड़ से जादे मतदाता 122 विधानसभा सीटन पs 1,302 उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला करी लोग। राज्य भर में मतदान के लेके सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा ताकि चुनाव शांतिपूर्ण आ निष्पक्ष तरीका से संपन्न हो सके। मतगणना 14 नवंबर के होई। पहिला चरण में 121 सीटन पs 6 नवंबर के मतदान भइल रहे।

चार लाख से जादे सुरक्षा कर्मी तैनात

राज्य निर्वाचन आयोग के अनुसार, दूसरका चरण के मतदान खातिर चार लाख से जादे सुरक्षाकर्मी तैनात कइल गइल बा लोग। कुल 45,399 मतदान केंद्र बनावल गइल बा, जेमे से 40,073 ग्रामीण क्षेत्रन में इस्थित बा। ओहिजा 8,491 मतदान केंद्रन के संवेदनशील आ अति-संवेदनशील के रूप में चिह्नित कइल गइल बा, जहां सुरक्षा पs विशेष निगरानी रखल जा रहल बा।

नीतीश मंत्रिमंडल के आधा दर्जन मंत्री मैदान में

एह चरण के वोटिंग खास एहूसे बा कि एमे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के मंत्रिमंडल के आधा दर्जन से जादे मंत्री आप किस्मत आजमा रहल बा।

दूसरका चरण में जवना जिलन में मतदान हो रहल बा, ओमे पश्चिम चंपारण, पूर्वी चंपारण, सीतामढ़ी, मधुबनी, सुपौल, अररिया आ किशनगंज प्रमुख बा। ई सब जिला नेपाल के सीमा से सटल बा, अइसन में सीमा सुरक्षा बल (BSF) आ स्थानीय पुलिस सीमावर्ती इलाकन में चौकसी बढ़ा देले बा।

सांझ 6 बजे तक चली मतदान

निर्वाचन आयोग मतदाता लोगन से अपील कइले बा कि ऊ लोग लोकतंत्र के एह महापर्व में बढ़-चढ़के हिस्सा लेवे लोग आ अपना मताधिकार के प्रयोग करे लोग। मतदान सांझ 6 बजे तक चली, जबकि संवेदनशील इलाकन में कुछ बूथन पs सुरक्षा कारणन से मतदान समय में बदलाव कइल गइल बा। एमे कुछ बूथन पs 4 बजे तक तs कुछ पs 3 बजे तक मतदान होई।

Read Also: DDU Annual Atheletics Meet : वार्षिक एथलेटिक मीट के भइल भव्य उद्घाटन, कुलपति प्रो. पूनम टंडन बोलली- खेल से होला मनुष्यता के विकास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.