Bihar Election 2025 : दुसरका चरण में एनडीए के 122 आ महागठबंधन के 126 उम्मीदवार मैदान में, बड़-बड़ नेता लोग के इज्जत दांव पs

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 10, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के दूसरका चरण के मतदान खातिर अब सब कुछ तय हो गइल बा। 11 नवंबर माने काल्ह 20 जिला के 122 सीटन पs वोटिंग होखे वाला बा। प्रचार-प्रसार के दौर

Share

Bihar Election

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के दूसरका चरण के मतदान खातिर अब सब कुछ तय हो गइल बा। 11 नवंबर माने काल्ह 20 जिला के 122 सीटन पs वोटिंग होखे वाला बा। प्रचार-प्रसार के दौर थम गइल बा आ अब उम्मीदवार घर-घर जाके वोटर लोग से समर्थन मांगत बा लोग।

एह दूसरका चरण में एनडीए के 122 आ महागठबंधन के 126 प्रत्याशी मैदान में बा लोग। एनडीए में भाजपा के 53, जदयू के 44, लोजपा (रामविलास) के 15, राष्ट्रीय लोक मोर्चा के चार आ हम (हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा) के छव प्रत्याशी सामिल बा लोग। ओहिजा, महागठबंधन में राजद के 70, कांग्रेस के 37, वीआईपी के आठ, सीपीआई के चार, सीपीआई (एमएल) के छव आ सीपीआई के एगो उम्मीदवार किस्मत आजमा रहल बा लोग। जनसुराज पार्टी के 120 प्रत्याशी चुनावी मैदान में बा लोग।

कइयन गो बड़-बड़ नेता लोग के इज्जत दांव पs बा…

एह चरण में पूर्व डिप्टी सीएम तारकिशोर प्रसाद, रेणु देवी, मंत्री विजेंद्र यादव, नीतीश मिश्रा, प्रेम कुमार, कृष्णनंदन पासवान, प्रमोद कुमार, शीला मंडल, लेशी सिंह, जयंत राज, कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष राजेश राम, लोजपा (रामविलास) के प्रदेश अध्यक्ष राजू तिवारी, राजद के वरिष्ठ नेता उदय नारायण चौधरी, रालोमो प्रमुख उपेंद्र कुशवाहा के पत्नी स्नेहलता, कांग्रेस विधायक दल के नेता शकील अहमद खान आ भाकपा (माले) विधायक दल के नेता महबूब आलम जइसन नेता लोग के प्रतिष्ठा दांव पs बा।

तेजस्वी यादव के बयान- “बदलाव अब निश्चित बा”

आरजेडी नेता तेजस्वी यादव कहलें कि पहिला चरण के बाद एनडीए में मायूसी साफ देखल जा रहल बा। अबकी बिहार के जनता बदलाव के मूड में बिया। ऊ कहलें कि अबकि बेर बिहार के अधिकारी लोग दबाव में ना आके संविधान के मर्यादा निभावे लोग। तेजस्वी यादव दुगो गुजराती पs तंज कसत कहलें कि ऊ लोग बिहार पs कब्जा कइल चाहत बा आ बिहार के उपनिवेश बनावे के साजिश में लागल बा। बाकिर बिहार के जनता अबकि बेर लोकतंत्र के डकैती ना होखे दी।

सम्राट चौधरी के दावा- “एनडीए के जीत पक्का बा”

एनडीए के नेता आ भाजपा प्रत्याशी सम्राट चौधरी कहलें कि बिहार के जनता पूरा तरे एनडीए के संगे बिया। ऊ दावा कइलें कि 11 नवंबर के वोटिंग में एनडीए प्रचंड बहुमत से जीत हासिल करी। ऊ जनता से अपील कइलें कि विकास, सुरक्षा आ स्थिरता खातिर  बड़ संख्या में वोट देके एनडीए के सरकार दोबारा बनाईं। ऊ कहलें कि भाजपा के राज में रोजगार, शिक्षा आ उद्योग के क्षेत्र में ठोस काम भइल बा। विपक्ष पs तंज कसत ऊ कहलें- “ई लोकतंत्र हs, राजतंत्र ना। जनता तय करी कि राजा के बनी, परिवार ना।”

Read Also: Bihar Election 2025 : दुसरका चरण में एनडीए के 122 आ महागठबंधन के 126 उम्मीदवार मैदान में, बड़-बड़ नेता लोग के इज्जत दांव पs

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.