Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jammu Kashmir : कुलगाम में दु जगे मुठभेड़, पांच गो आतंकी ढेर; राजोरी में संदिग्ध रूप से चलल गोली में जवान घायल

178

Jammu Kashmir : कुलगाम में अबहीं ले पांच गो आतंकी मारा गइल बाड़े। हालांकि एह अभियान के दौरान जवान के शहीद भइलें। दूसरका ओर जम्मू प्रमंडल के राजोरी जिला में संदिग्ध गोलीबारी में एगो जवान धायल हो गइल बा।

दक्षिण कश्मीर के कुलगाम जिला में दू गो अलग अलग जगहा पs सुरक्षा बल आ आतंकियन ले बीच मुठभेड़ चलत बा। ताजा जानकारी के मोताबिक सुरक्षा बल एगो आतंकी के मार गिरवलें। एकरा से पहिले शनिचर के दिने चार गो आतंकी मरा गइलें। अइसना में कुलगाम में अबहीं ले पांच आतंकी के मौत हो चुकल बा। हालांकि ई दुनो अभियान के दौरान जवानो शहिद भइलें।

दूसरका ओर जम्मू प्रमंडल के राजोरी जिला में संदिग्ध गोलीबारी में एगो जवान घायल हो गइल बा। उनका के इलाज खातिर मिलिट्री अस्पताल पहुंचावल गइल बा। बतावल जाता कि जवान के गोड़ में गोली लागल बा।

जानकारी के मोताबिक राजोरी जिला के मंजाकोट इस्थित सैन्य शिविर में संदिग्ध गोलीबारी में एगो जवान घायल हो गइल। सूत्र के मोताबिक गोली के आवाज के संगे करीब आधा घंटा तक गोलीबारी जारी रहल। एकरा बाद घायल जवान के इलाज खातिर अस्पताल पहुंचावल गइल। इलाका के घेराबंदी कऽ के तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा।  अबहीं ई साफ नइखे भइल कि इ जवान कवनो आतंकी हमला में घायल भइल बा कि आकस्मिक गोलीबारी में। एह मामिला में आधिकारिक बयान के इंतजार कइल जा रहल बा।

शनिचर के दिने कुलगाम जिला के दू जगहा से मुठभेड़ शुरू भइल जवन एतवार के दिनो जारी रहल। मुठभेड़ स्थल पs आतंकी के लाश पड़ल बा। एह लोग के लाश ड्रोन फुटेज में लउकऽता। पूरा इलाका के घेराबंदी कऽ दिहल गइल बा। आईजी बीके बिरडी बतवले कि फ्रिसल चिन्नीगम में चार आतंकी मारल गइलें। सूत्र के मोताबिक ऐतवार के एगो आउरी आतंकी के मौत हो गइल। बता दीं कि पिछला एक महीना में सुरक्षा बल 11 गो आतंकियन के सफाया कर दिहले बाड़े।

ई जवान भइलें वीरगति के प्राप्त 

बतावल जाता कि ई मुठभेड़ फ्रिसल, चिन्निघम आ मुदराघम इलाका में भइल बा। एह कार्रवाई में मुदराघम में पैरा कमांडो लांस नाईक प्रदीप नैन आ फ्रिसल में एगो राष्ट्रीय राइफल्स हविलदार राजकुमार घायल हो गइलें। बाद में इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल। हालांकि अबहीं तक सेना के ओर से एहऽ नाम के आधिकारिक तौर पs पुष्टि नखे भइल।

पुलिस के मोताबिक, शनिचर के सबेरे पुलिस आ सुरक्षा बल के टीम, विशिष्ट इनपुट के आधार पs कुलगाम के मुद्राघम इलाका में घेराबंदी आ तलाशी अभियान चलवलस। सुरक्षा बल जइसहीं संदिग्ध इलाका के ओर बढ़लें, लुकाइल आतंकी अंधाधुंध गोलीबारी शुरू कऽ देलें। जवाबी कार्रवाई के चलते मुठभेड़ शुरू भइल।

886240cookie-checkJammu Kashmir : कुलगाम में दु जगे मुठभेड़, पांच गो आतंकी ढेर; राजोरी में संदिग्ध रूप से चलल गोली में जवान घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.