[the_ad_group id="30365"]

Bihar Flood: भारी बरखा के बाद विकराल रूप देखा रहल बिया कोसी, गांव में घुसल पानी; पलायन के मजबूर भइलें ग्रामीण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Flood News मानसून के बरखा के चलते बिहार में नदियन के जलस्तर उफान पs बा। कई गो नदियन के जलस्तर खतरा के निशान के छूवे लागल बा। एही बीच कोसी नदीयो आपन विकराल रूप देखावल शुरू कऽ देले बिया। नदी के जलस्तर बढ़े के चलते कई हो गांव में बाढ़ आ गइल बा जवना के चलते बाढ़ से प्रभावित ग्रामीण ऊंंच जगही के ओर पलायन करे लागल बाड़े।

मानसूनी बारिश शुरू होखते बिहार के नदी आपना रौद्र रूप देखावल शुरू कऽ देलस। बिहार के अधिकास नदियन के जलस्तर तेजी से बढ़ रहल बा। कई नदियन के जलस्तर खतरा के निशान तक पहुंच गइल बा, जवना से कई जिलन के कुछ इलाकन में पानी ग्रामीण इलाका में घुसल शुरू हो गइल बा।

बिहार का शोक कहे जाए वाली कोसी नदी आपना रौद्र रूप देखावल शुरू कऽ देले बिया। जल ग्रहण क्षेत्र में लगातार हो रहल भारी बरखा के चलते कोसी विकराल रूप धारण कऽ चुकल बिया। नदी के जलस्तर बढ़ला के चलते तटबंध के भीतर के कई गो गांव में बाढ़ आ गइल बा।

बाढ़ पीड़ित लोग ऊंच जगही के ओर पलायन करे के मजबूर बा। सबेरे 8:00 बजे वीरपुर बराज से 3.68 लाख क्यूसेक पानी डिस्चार्ज कइल गइल बा।

तैनात कइल गइल इंजीनियरन के टीम

कोसी के जलस्तर में अचानक से भइल ई वृद्धि  तटबंध पs कई जगह दबाव डालल शुरू कऽ देले बा। एकरा से निपटे खातिर इंजीनियरन के टीम मुस्तैद बा।

तटबंध पs सतर्कता बढ़ा दिहल गइल बा। कोसी के जलस्तर में एह वृद्धि के असर एक दिन बाद खगड़िया आ कटिहार जिलन देखे के मिल सकत बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]