भारतीय सेना आ पुलिस के एगो संयुक्त अभियान में बड़ सफलता मिलल बा। कुपवाड़ा में माछल सेक्टर के काला जंगल में चार आतंकवादियों के मार गिरावल गइल बा। जम्मू-कश्मीर पुलिस बतवलस कि आतंकवादी पाक अधिकृत जम्मू-कश्मीर (PoJK) से हमनी के सीमा में घुसपैठ करे के कोसिस करत रहलें सs। जवना के सुरक्षाबलन द्वारा समय रहतही नाकाम कs दिहल गइल। आज एक बेर फेर सुरक्षाबलन के बड़ कामयाबी मिलल बा।
Post Views: 2