Jaipur SMS Hospital Fire : जयपुर के SMS अस्पताल में आग लगला से 8 लोगन के मौत, पीएम मोदी, सीएम भजनलाल सहित कइयन नेता जतावल लोग दुख

Share

नई दिल्ली। Jaipur SMS Hospital Fire: राजस्थान के राजधानी जयपुर के सवाई मान सिंह (SMS) अस्पताल में तब अफरा-तफरी मच गइल जब ट्रॉमा सेंटर के ICU वार्ड में अचानक आग लाग गइल। आग लगला के कारण शॉर्ट सर्किट बतावल जा रहल बा। एह भीषण हादसा में आठ लाेगन के जान चल गइल।

पीड़ित परिवार के लोग आरोप लगवले बा कि जब अस्पताल में आग लागल, तब डॉक्टर आ कंपाउंडर लोग जान बचावे खातिर भाग गइल। जयपुर के एह हादसा से लोगन के दिल दहल गइल बा। एह घटना पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ राजस्थान के मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा सहित कइयन गो नेता दुख जतवले बा लोग।

पीएम मोदी जतवलें दुख

प्रधानमंत्री मोदी जयपुर के एह अग्निकांड पs गहिराह संवेदना जतवलें। पीएमओ के ओर से सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पीएम मोदी के हवाला दिहल गइल कि- “राजस्थान के जयपुर में अस्पताल में लागल आग से जान-माल के नुकसान बहुत दुखद बा। जे लोग आपन प्रियजन खो देले बा, ओह लोगन के प्रति हमार संवेदना बा। घायल लोग जल्दी ठीक हो जाव, ई कामना कs रहल बानी।”

सीएम भजनलाल शर्मा के बयान

राजस्थान के मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा एह घटना दुख जतवलें। ऊ एक्स पs लिखलें- “जयपुर के सवाई मानसिंह अस्पताल के ट्रॉमा सेंटर में लागल आग बहुत दुर्भाग्यपूर्ण बा। अस्पताल पहुंच के चिकित्सक आ अधिकारी लोग से जानकारी लेनी आ राहत काम तेजी से करे के निरदेस देनी। मरीजन के सुरक्षा, इलाज आ देखभाल खातिर हर जरूरी कदम उठावल जा रहल बा। प्रभु श्रीराम दिवंगत आत्मा के आपन चरण में स्थान दीं। राज्य सरकार पीड़ित परिवारन के संगे बिया आ हर संभव मदद देवे के वादा करत बिया।”

पूर्व मुख्यमंत्री अशोक गहलोत के प्रतिक्रिया

एह घटना पs पूर्व सीएम अशोक गहलोत दुख जतवले बाड़ें। ऊ लिखलें- “SMS अस्पताल के ICU में लागल आग से 7 लोगन के मौत बहुत पीड़ादायक बा। हम ईश्वर से प्रार्थना करत बानी कि कम से कम जनहानि होखे। प्रभु दिवंगत आत्मा के शांति दीं आ घायल जल्दी स्वस्थ हो जाव लोग। राज्य सरकार से अपील बा कि ऊ उच्च स्तरीय जांच करवाके भविष में अइसन हादसा दुबारा ना हो सके, एहके सुनिश्चित करे।”

Read Also: Bihar Election 2025 : सांझ 4 बजे निर्वाचन आयोग के प्रेस कॉन्फ्रेंस, बिहार चुनाव के तारीख के होई एलान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-