Rajveer Jawanda Passes Away : पंजाबी गायक राजवीर जवंदा के निधन से सदमा में फैन्स, बाइक हादसा बनल मौत के वजह 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2025

मोहाली। मशहूर पंजाबी सिंगर राजवीर जवंदा के निधन के खबर से संगीत जगत में शोक के लहर दौड़ गइल बा। जवंदा पिछला 11 दिन से मोहाली के फोर्टिस अस्पताल में एडवांस लाइफ सपोर्ट सिस्टम पs

Share

मोहाली। मशहूर पंजाबी सिंगर राजवीर जवंदा के निधन के खबर से संगीत जगत में शोक के लहर दौड़ गइल बा। जवंदा पिछला 11 दिन से मोहाली के फोर्टिस अस्पताल में एडवांस लाइफ सपोर्ट सिस्टम पs रहलें। 27 सितंबर के पंचकूला के पिंजौर में ऊ बीएमडब्ल्यू बाइक से एक्सीडेंट के शिकार भइल रहस।

सांडन के लड़ाई बनल हादसा के कारण

मिलल जानकारी के मोताबिक, पिंजौर-नालागढ़ रोड पs सेक्टर-30 टी पॉइंट के नियर राजवीर जवंदा के बाइक एगो सांड के लड़ाई के चलते अनियंत्रित हो गइल। ऊ बद्दी से पिंजौर जात रहलें। सांड अचानक सड़क पs आ गइल, जवना से ऊ बाइक समेत गिर गइलें। हादसा में जवंदा के माथा आ रीढ़ के हड्डी में गंभीर चोट लागल। तबसे ऊ लाइफ सपोर्ट सिस्टम पs रहलें।

गांव में मातम, मां रह चुकल बाड़ी सरपंच

राजवीर जवंदा के पैतृक गांव पौना (लुधियाना) में शोक के माहौल बा। गांववाला गुरुद्वारा साहिब में अखंड पाठ आ अरदास कs रहल बा लोग। जवंदा के मां परमजीत कौर गांव के सरपंच रह चुकल बाड़ी। बचपने में दूरदर्शन के शूटिंग के दौरान राजवीर के गायकी के तारीफ भइल रहे, जवना से ऊ संगीत के ओर झुक गइलें। जवंदा के पढ़ाई जगरांव से भइल आ बाद में ऊ पंजाबी यूनिवर्सिटी, पटियाला से थिएटर आ टेलीविजन में एमए कइलें।

गायकी खातिर छोड़ दिहलें पुलिस के नौकरी

राजवीर के पिता कर्म सिंह पंजाब पुलिस में एएसआई रह चुकल बाड़ें। खुद राजवीर 2011 में पंजाब पुलिस में कॉन्स्टेबल बनल रहलें आ जगरांव में ड्यूटी करत रहलें। बाकिर 2019 में ऊ आपन सिंगिंग करियर पs पूरा ध्यान देवे खातिर नौकरी छोड़ देलें।

2014 में पहिला एलबम से भइल रहे सुरुआत

राजवीर जवंदा के पहिला एलबम “मुंडा लाइक मी” 2014 में रिलीज भइल। 2016 में “कली जवंदे दी” गाना से ऊ चर्चा में आ गइलें। 2017 में “मुकाबला” आ “कंगनी” जइसन गाना हिट भइल। पटियाला शाही पग, केसरी झंडे, लैंडलॉर्ड, सरनेम आ कइयन गो सुपरहिट गाना देलें। 2018 में ऊ फिल्म ‘सूबेदार जोगिंदर सिंह’ से एक्टिंग डेब्यू कइलें आ काका जी, जिंद जान, मिंदो तहसीलदारनी, सिकंदर 2 जइसन फिल्मन में अभिनय कइलें।

बाइक चलावे के शौकीन रहलें राजवीर

राजवीर जवंदा के बाइक राइडिंग से खास लगाव रहे। हाले में ऊ 27 लाख के बीएमडब्ल्यू बाइक किनले रहस। शिमला यात्रा के दौरान एह बाइक से ऊ हादसा के शिकार भइलें। दुर्घटना में माथा आ रीढ़ में गंभीर चोट लागल। राजवीर के दादा आ पिता के पहिलही निधन हो चुकल बा। ऊ पत्नी अशविंदर कौर, बेटी हेमंत कौर आ बेटा दिलावर सिंह के साथे रहत रहलें।

Read Also: IMC 2025 : इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2025 के शुभारंभ समारोह में बोललें पीएम- युवा लोग संभराल टेक क्रांति के लगाम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.