Bihar News : बिहार में वंदे भारत ट्रेन से 5 किशोर टकराइल; 4 के दर्दनाक मौत, 1 गंभीर जख्मी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2025

कसबा (पूर्णिया)। सुक के भाेरे करीब 5 बजे कटिहार-जोगबनी रेलखंड पs जवनपुर गुमटी के लगे एगो दर्दनाक हादसा भइल। दशहरा मेला देखके लवटत पांच गो किशोर वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के चपेट में आ गइले

Share

कसबा (पूर्णिया)। सुक के भाेरे करीब 5 बजे कटिहार-जोगबनी रेलखंड पs जवनपुर गुमटी के लगे एगो दर्दनाक हादसा भइल। दशहरा मेला देखके लवटत पांच गो किशोर वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के चपेट में आ गइले सs। एह हादसा में चार गो किशोरन के मौत हो गइल जबकि एगो गंभीर रूप से जख्मी भइल बा।

मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती घायल

हादसा कसबा यवनपुर रेलवे फाटक के नजदीक भइल। जोगबनी अररिया से दानापुर पटना जा रहल वंदे भारत ट्रेन से टकरा गइल किशोरन में से जवन बच गइल बा, ओकरा के तुरत पूर्णिया मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

दशहरा मेला देखके लवटत रहे लो किशोर

जानकारी के अनुसार, जवन किशोरन के मौत भइल बा आ जे घायल बा, ऊ सब पूर्णिया जिला के बनमनखी प्रखंड के चांदपुर भंगहा गांव के रहे वाला रहे लोग। सब किशोर दशहरा मेला देखे कसबा आइल रहे लोग। कहल जा रहल बा कि ऊ लोग पूर्णिया में एगो मखाना फैक्ट्री में काम करत रहे। घटनास्थल से एगो मोबाइल फोन बरामद भइल बा।

घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस आ रेल टीम

घटना के बाद कसबा थाना पुलिस आ आरपीएफ के टीम तुरंत घटनास्थल पs पहुंचल। रेल पुलिस थाना के मोताबिक मृतक किशोरन के परिजनन के खबर दे दिहल गइल बा। पोस्टमार्टम के बाद लाश परिजनन के सउपल जाई।

Read Also: Chapra News : एकमा ग्रिड में दुपहरिया 12 से सांझ 7 बजे ले ना रही बिजली, मूर्ति विसर्जन खातिर रही पावर कट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.