Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जहांगीरपुरी मामला में सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई आजु

अतिक्रमण पर बुलडोजर चली कि नाहिं, एहपर आई फैसला

209
Google Ads 300*250 for posts

दिल्ली के जहांगीरपुरी इलाका में अतिक्रमण के खिलाफ एमसीडी के अभियान के लेके आज सुप्रीम कोर्ट में अहम सुनवाई होई। अतिक्रमण पs दिल्ली नगर निगम के बुलडोजर आज चली कि नाइ, एके लेके सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई होई। जहांगीरपुरी में अतिक्रमण पs बुधवार के कुछ घंटा खातिर बुलडोजर चलल रहे। हालांकि, सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद अतिक्रमण हटाओ अभियान के रोक देहल गइल रहल।

आदेश के बावजूदो भइल कार्रवाई

एसे पहिले सुप्रीम कोर्ट इलाका में यथास्थिति बनवले रखले के आदेश देहले रहे। कोर्ट के आदेश के बावजूद एमसीडी के कार्रवाई नाइ रुकल। सुप्रीम कोर्ट के मामला में यथास्थिति बनवले रखले के आदेश के बादो एमसीडी के बुलडोजर चलत रहल। सुप्रीम कोर्ट के आदेश दोबारा संबंधित अधिकारियन के लग्गे पहुंचल, जौने के बाद कार्रवाई रुकल।

एमसीडी के अभियान पर सियासत तेज

ओने, मामले में सियासतो तेज हो गइल बा। कांग्रेस, सपा, आम आदमी पार्टी अउर लेफ्ट के अलावा कई दल भाजपा के आड़े हाथ लेहले बा। कांग्रेस कहलस कि सरकार धार्मिक उन्माद के बढ़ावा दे रहल बा। सीपीएम नेता वृंदा करात बुधवार दोपहर जहांगीरपुरी पहुंच गइल रहने। सीपीएम नेता एमसीडी की कार्रवाई रोके खातिर बुलडोजर के आगे खड़ा हो गइल रहली। एही बीच बीतल साँझ के एआइएमआइएम के प्रमुख असदुद्दीन ओवैसी जहांगीरपुरी पहुंचने। ऊ केंद्र अउर दिल्‍ली सरकार पs जम के निशाना सधने। ओवैसी कहने कि छह सात साल से भाजपा की सरकार बा। पहिले अवैध निर्माण के काहें नाइ तोड़ल गइल। अगर ऊ (दुकान अउर मकान) अनाधिकृत रहल त केंद्र सरकार सूतल काहें रहल ह।

243820cookie-checkजहांगीरपुरी मामला में सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई आजु

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.