धूमधाम से भइल जगराता के आयोजन, बिहान होई मां लक्ष्मी के प्रतिमा विसर्जन

Share

मां लक्ष्मी के पूजन के त्योहार दिवाली के धूम से समूचा देस उल्लास से भरल बा। अतवार के घरे-घरे दिवाली मनवला के संगही कइयन जगह मां लक्ष्मी के प्रतिमा स्थापित कइल गइल बा। एकरा संगही पूजा-अर्चना के बाद भंडारा आ जगराता के दौर जारी बा। बिहान बुध के अधिकतर जगहन के प्रतिमा के हवन आ प्रसाद वितरण के बाद विसर्जित कइल जाई।

गोरखपुर के गोरखनाथ क्षेत्र के आदित्यनगर में स्थापित प्रतिमा के विसर्जन बिहान कइल जाई। एह कड़ी में भंडारा के आयोजन बुध के कइल गइल बा।

बता दीं कि 15 साल से राजेश तिवारी के अगुआई में निरन्तर मां के सेवा में सूरज सिंह , नीरज गुप्ता (वीरू), सुधांशु कुमार मल्ल, अजय कुमार, दुर्गेश, गोरख, चीकू, घनश्याम, विनोद, शानू आदि जुटल बा लो।

बातचीत के क्रम में सुधांशु बतवलें कि 15 साल से मां के सेवा में समिति के तरफ से मां लक्ष्मी के प्रतिमा स्थापित कs के जगराता, प्रसाद वितरण आ विर्सजन के दिन भंडारा कइल जाला। एह दौरान भक्त लोग माता के पूजन कs के आपन मनोकामना के पूर्ति खातिर आसिरबाद लेला लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-