[the_ad_group id="30365"]

Bhai Dooj 2023: 14 आ 15 नवंबर कब मनावल जाइ भाई दूज? डेट के लेके ना होंइ कन्फ्यूज, एह बा सही तारीख आ मुहूर्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भाई दूज 2023 : हर साल कार्तिक महीना के शुक्ल पक्ष के दूसरा दिन भाई दूज मनावल जाला। ई परब बहुत सुन्दर आ भाई-बहिन के प्रेम के प्रतीक ह। आज के दिन बहिन भाई के माथे पs तिलक लगा के उनकर सफल जीवन के कामना करेली। एह परब के संबंध में एगो मान्यता बा कि मृत्यु के देवता यमराज एक बेर अपना बहिन यमुना जी के घरे गइल रहले आ यमुना जी उनुकर स्वागत कs के तिलक लगवले रहली। ओही दिन से ई परब भाई दूज के नाम से मशहूर हो गइल।

यमराज देव अपना बहिन से स्नेह से कहले कि, अब से हर साल कार्तिक महीना के दुसरका दिन भाई दूज के परब जवन भी बहिन अपना भाई के तिलक लगावेली, भाई लोग के लमहर उमिर के आशीर्वाद मिली आ ऊ लोग हमेशा दीर्घायु के वरदान मिली। त आई जानल जा अबकी बेर भाई दूज के परब कब मनावल जाई आ तिलक लगावे के शुभ समय का बा।

भाई दूज कब मनावल जाए

मान्यता के अनुसार भाई दूज हर साल कार्तिक महीना के शुक्ल पक्ष के दूसरा दिन मनावल जाला। अबकी बेर कार्तिक महीना के शुक्ल पक्ष के दूसरा तिथि मंगलवार 14 नवंबर 2023 यानी काल्ह 15 नवंबर 2023 बुध के दुपहरिया 2:36 बजे से दुपहरिया 1:47 बजे तक होई। हिन्दू धर्म के मान्यता के अनुसार कवनो परब आ ओकर पूजा उदय तिथि के दिने शुरू कईल जादा जरूरी बा। एही लिहाज में बुध 15 नवम्बर 2023 के एह परब के मनावल अउरी शुभ मानल जाई।

भाई दूज खातिर तिलक कब लगावे के बा?

भाई दूज खातिर तिलक काल्हु लगावल जा सकेला। तिलक 14 नवंबर 2023 मंगलवार के दुपहरिया 1:10 बजे से 3:19 बजे के बीच कबो भी लगावल जा सकता। अगर रउरा बुध के 15 नवंबर 2023 के तिलक लगावत बानी। तs एकर शुभ समय सबेरे 10.40 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक होई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]