Jharkhand Academic Council के ओर से मैट्रिक आ इंटर साइंस के रिजल्ट आज जारी कइल जाई। शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो दिन के 2.30 बजे रिजल्ट जारी करिहें। Jharkhand Academic Council के नामकुम इस्थित कार्यालय में आयोजित कार्यक्रम में रिजल्ट जारी कइल जाई। एकरा बाद जैक के ओर से जारी कइल गइल लिंक पs जाके स्टूडेंट्स आपन रिजल्ट देख सकी लो। एह साल मैट्रिक के परीक्षा में 3,99,010 आ इंटर साइंस में करीब सवा लाख परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल भइल रहे लो।
Post Views: 3