[the_ad_group id="30365"]

JAC 12th Result 2022: परीक्षा में शामिल भइल रहलें 64,976 स्टूडेंट्स, 54,769 के मिलल फर्स्ट क्लास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

JAC 12th Result 2022: झारखंड एकेडमिक काउंसिल कावर से जारी इंटर साइंस के ओवरऑल रिजल्ट 92.12 प्रतिशत रहल बा। एह साल इंटर साइंस के परीक्षा में शामिल होखे ला के 66,309 स्टूडेंट आवेदन कइलें रहे लो। एमे से परीक्षा में 64,976 स्टूडेंट शामिल भइले। ओहिजा सफल होखे वाला स्टूडेंट्स के संख्या 59,902 बा। जारी रिजल्ट के मोतिबिक 54,769 छात्र पहिला स्थान से परीक्षा पास कइलें बा लो। दुसरा स्थान पs आवे आला वालन के संख्या 5,117 बा जबकि खाली 13 स्टूडेंट अइसन बावे लो, जे थर्ड डिविजन पवले बा लो।

चार साल में साइंस के सबसे बेहतरीन रिजल्ट

साल 2022 के रिजल्ट पिछला चार साल के तुलना में सबसे बेहतरीन रहल बा। आंकड़ा बतावत बा कि साल 2018 में 92405 स्टूडेंट्स परीक्षा में शामिल भइल रहले। ओमे से 44677 परीक्षा पास कइल लो। ओह साल साइंस में ओवर ऑल रिजल्ट 48.34 प्रतिशत रहल। बात करीं साल 2019 के तs एह साल 93298 स्टूडेंट्स परीक्षा में बइठल लो। एमे से 53186 स्टूडेंटस परीक्षा पास कइल लो। साल 2019 में ओवरऑल रिजल्ट 57 फीसदी रहल रहे। साल 2020 में 75638 स्टूडेंट्स परीक्षा में शामिल भइल रहे लो। 44626 स्टूडेंटस के सफलता मिलल। एह साल  सफलता के प्रतिशत 58.99 प्रतिशत रहल। बीतल साल 2021 में 88145 स्टूडेंट्स परीक्षा दिहल लो। 76590 स्टूडेंट्स के सफलता मिलल। साल 2021 में ओवरऑल रिजल्ट 86.89 प्रतिशत रहल।

लड़कियन के पासिंग परसेंटेज लईकन से जादे

इंटर साइंस के रिजल्ट में लईकियन के पासिंग प्रतिशत लडईकन के मुकाबले जादे बा। परीक्षा में 42135 लईका शामिल भइल रहे लो। जेमे 38832 के सफलता हासिल भइल। पासिंग प्रतिशत 92.16 बा। लईकियन के बात करीं तs परीक्षा में शामिल होखे वाली लईकियन के संख्या 22841 बा। पास करे वाली लईकियन के संख्या 21070 बा। एह लो के पासिंग प्रतिशत 92.24 बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]