एजुकेशन डेस्क: झारखंड अधिविद्य परिषद् (जैक बोर्ड) के दसवीं बोर्ड परीक्षा के परिणाम आज मंगर के जारी कs दिहल गइल। परीक्षा परिणाम के लेके प्रदेश के राजधानी रांची इस्थित जैक बोर्ड के मुख्य कार्यालय में सबेरे करीब 11:20 बजे कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल, जेमे मुख्य रूप से शिक्षा मंत्री रामदास सोरेन आ जैक बोर्ड के अध्यक्ष डॉ. नटवा हांसदा सामिल भइलें। एह दौरान मंत्री सोरेन आ जैक अध्यक्ष हांसदा संयुक्त रूप से परिणाम घोषित कइल लोग। दुपहरिया 12:20 बजे के बाद जैक बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट पs परिणाम प्रकाशित कइल गइल। बता दीं कि टॉप-5 में 14 छात्र बा लोग, जेमे 12 लईकी बा लोग। एह 12 लईकियन में 11 हजारीबाग इंदिरा गांधी बालिका हाईस्कूल के छात्रा बा लोग।
केतना रहल परीक्षा परिणाम
जैक बोर्ड 2025 के मैट्रिक परीक्षा के परिणाम 91.71 प्रतिशत रहल बा। परीक्षा देवे वाला 4 लाख 31488 लईकन में से 3 लाख 95 हजार 755 पास भइल बा लोग। 2 लाख 2140 लईका फर्स्ट, 1 लाख 57294 सेकेंड आ 17 हजार 521 बच्चा थर्ड डिवीजन से पास भइल बा लोग।
एह तरे विद्यार्थी देख सकत बानी आपन परीक्षा परिणाम
- सबसे पहिले नीचे दिहल गइल कवनो लिंक पs क्लिक कs के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं
- jacresults.com
- jac.jharkhand.gov.in
- jharresults.nic.in
- अब होम पेज पs रउआ JAC 10th Exam Result 2025 भा Matric Result 2025 के लिंक मिली, एकरा पs क्लिक करीं।
- पेज खुलला के बाद एडमिट कार्ड पs दिहल गइल रोल कोड आ रोल नंबर भरीं, एकरा के सावधानीपूर्वक दर्ज करीं आ एक बेर चेको करीं।
- सब जानकारी भरला के बाद अब Submit भा View Result पs क्लिक करीं।
- अब राउर मार्कशीट स्क्रीन पs लउकी। चाहीं तs ओकर स्क्रीनशॉट लीं, पीडीएफ में सेव करीं भा फेर प्रिंट आउट निकाल लीं।
पिछिला साल कइसन रहे परीक्षा परिणाम
बरिस 2024 में दसवीं के परिणाम 19 अप्रैल के घोषित कइल गइल रहे। ओह साल कुल पास प्रतिशत 90.39% रहे। विद्यार्थियन के संख्या के बात कइल जावs तs जैक 10वीं परीक्षा खातिर कुल 4.21 लाख परीक्षार्थी नामांकन करवले रहे लोग, जेमे से 4.18 लाख छात्र परीक्षा में सामिल भइल रहे लोग आ 3.78 लाख छात्र परीक्षा में सफल भइल रहे लोग। लईकन के लगे प्रतिशत 89.70% रहे, जबकि लईकियन के पास प्रतिशत 91% रहे।
4.33 लाख से जादे छात्र दिहलें परीक्षा
एह साल मैट्रिक परीक्षा में कुल 4,33,890 छात्र-छात्रा पंजीकरण करवले रहे लोग, जवन कि 2024 के मुकाबले लगभग 12,000 छात्रन के बढ़ती के दरसावत बा। ई राज्य में शिक्षा के क्षेत्र में बढ़त जागरूकता आ भागीदारी के दरसावत बा।