Israel Hamas War : हमास एयरस्ट्राइक में ५० बंधकन के मउत के कइले दावा, इजरायल के हमला जारी

Minee Upadhyay

 

इजरायल हमास युद्ध : गाजा पs इजरायल के सैन्य कार्रवाई के बीच हमास दावा कईले बा कि इजरायल के ओर से भईल हवाई हमला में ५० बंधक के मउत हो गईल बा। ई दावा हमास के सैन्य शाखा अल-कसम ब्रिगेड कइले बा। अल-कसम अपना टेलीग्राम चैनल पs कहले कि, गाजा इलाका पs इजरायल के बमबारी के चलते अबे ले गाजा पट्टी में करीब ५० इजरायली बंधक के मउत हो चुकल बा। हालांकि बंधक लोग के मउत के लेके अल-कसम के ओर से अवुरी कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

गाजा पट्टी क्षेत्र में भारी तबाही

7 अक्टूबर से इजरायल आ हमास के बीच जवन लड़ाई चल रहल बा ओकरा से अबले गाजा पट्टी इलाका में भारी तबाही मचल बा। एह इलाका में हजारन लोग के मउत हो चुकल बा। साथही इजरायल हमास के खतम करे के संकल्प के साथे आपन हमला तेज कs रहल बा। ओने हमास दावा कइले बा कि इजरायल के हवाई हमला में अबले 50 गो बंधक के मउत हो चुकल बा।

इजरायली सेना के जमीनी कार्रवाई

दरअसल, 7 अक्टूबर के हमला के बाद हमास 200 से जादा इजरायली नागरिक अवुरी सैनिक के बंधक बना के गाजा ले आईल रहे। एह आतंकी घटना का बाद से इजरायल लगातार गाजा इलाका में हमास के ठिकाना पs निशाना बनावत बा। हवाई हमला के संगे अब जमीनी हमला भी हो रहल बा। गुरुवार के इजरायली सेना गाजा के कुछ इलाकन में जमीनी कार्रवाई कईलस।

7 हजार फिलिस्तीनी लोग के मउत हो गइल

दोसरा तरफ इजरायली सेना के कहना बा कि हमास का खिलाफ ओकर कार्रवाई जारी रही. एही बीच अरब नेता युद्धविराम अवुरी गाजा में मानवीय सहायता के अनुमति देवे के संयुक्त अपील कईले बाड़े। 7 अक्टूबर के आतंकी घटना के बाद से इजरायल गाजा के पूरा घेराबंदी क लेले बा। गाजा में ईंधन, खाना, पानी आ दवाई खतम हो रहल बा। गाजा स्वास्थ्य मंत्रालय के दावा बा कि एह टकराव में करीब 7 हजार फिलिस्तीनी नागरिकन के मउत हो चुकल बा।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।