Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पश्चिम बंगाल के मंत्री ज्योतिप्रिय मलिक गिरफ्तार: ED 20 घंटा तक 8 ठिकानन पs तलाशी लेलस, राशन घोटाले के बाड़ें आरोपी

546

इनफोर्समेंट डायरेक्टरेट (ED) सुक के पश्चिम बंगाल के वन मंत्री ज्योतिप्रिय मलिक के गिरफ्तार कs लेलस। ED के टीम बियफे के सबेरे 8 बजे के करीब मलिक के घरे पहुंचल रहे। 20 घंटा तक ED मलिक के घर आउर 7 ठिकानन पs तलाशी अभियान चलवले बिया।

आखिर में सुक के सबेरे 4 बजे मलिक के राशन घोटाला के आरोप में अरेस्ट कs लेलस। गिरफ्तारी के बाद मीडिया से बातचीत में मलिक कहलें- ऊ एगो साजिश के शिकार बा। बता दीं वन मंत्रालय से पहिले मलिक के लगे खाद्य आ नागरिक आपूर्ति विभाग के प्रभार रहे।

राशन घोटाला में ज्योतिप्रिय मलिक के नाम कइसे सामने आइल 

सूत्रन के मोताबिक, केंद्रीय जांच एजेंसी बिजनेसमैन बकीबुर रहमान के गिरफ्तारी के बाद मलिक के घर पs छापा मरलस। रहमान के पिछला हफ्ता कैखाली इस्थित उनका फ्लैट पs 53 घंटा से अधिक समय तक चलल ईडी के छापेमारी के बाद गिरफ्तार कइल गइल रहे।

रहमान के फ्लैट से सरकारी दफ्तरन के मोहर लागल 100 से जादे दस्तावेज मिलल रहे। रहमान अपना चावल मिल व्यवसाय के अलावे कइयन होटल, रिसॉर्ट आ बार के मालिक बाड़ें।

पश्चिम बंगाल के मंत्री पs का बा आरोप

ईडी सूत्र बतवाल कि रहमान के कंपनियन में 50 करोड़ रुपिया से जादे के निवेश कइल गइल रहे। आरोप लगावल गइल बा कि कोविड-19 लॉकडाउन के दौरान राज्य में सार्वजनिक वितरण प्रणाली में कइयन गो अनियमितत भइल आ राशन वितरण में बड़ पैमाना पs भ्रष्टाचार भइल। ओह घरी मलिक खाद्य आ नागरिक आपूर्ति विभाग के मंत्री रहस।

ममता पूछली- सरकार भाजपा नेता लोगन पs कार्रवाई काहे ना करेले

पश्चिम बंगाल के CM ममता बनर्जी बियफे 26 अक्टूबर के विपक्षी नेता लोगन के खिलाफ प्रवर्तन निदेशालय (ED) के छापा के लेके भाजपा पs निशाना सधलें। छापेमारी पs ममता कहली कि भाजपा गंदा राजनीतिक खेल खेल रहल बिया।  चुनाव से पहिले देशभर में विपक्षी नेतन पs ED ke छापामार कार्रवाई का दर्शावत बा?

ममता भाजपा से सवाल पूछली- कि का कवनो भाजपा नेता के घर पs ED ke छापेमारी भइल बा? ममता कहली कि भाजपा कहले कि ऊ सबकर साथ, सबकर विकास चाहत बिया। हकीकत में एकर मतलब सबकर साथ, सबकर सत्यनाश बा। ED जांच आ छापेमारी के नाम पs लोगन पs अत्याचार कs रहल बिया। अंग्रेजन के तरे भाजपा ओह सभन पs अत्याचार कs रहल बिया, जवन ओकरा खिलाफ बा।

ममता कहली, ‘ज्योतिप्रिया मलिक बीमार बाड़ें। जदि ED के छापेमारी के दौरान उनका कुछ भइल तs हम भाजपा आ ED के खिलाफ FIR दर्ज कराएम।

670340cookie-checkपश्चिम बंगाल के मंत्री ज्योतिप्रिय मलिक गिरफ्तार: ED 20 घंटा तक 8 ठिकानन पs तलाशी लेलस, राशन घोटाले के बाड़ें आरोपी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.