IND vs AUS: का भारतीय टीम में सब ठीक नइखे? रोहित के सिडनी टेस्ट में खेले के सवाल पs गंभीर सधलें चुप्पी

Anurag Ranjan
गंभीर आ रोहित - फोटो : BCCI


स्पोर्ट्स डेस्क: भारतीय टीम के मुख्य कोच गौतम गंभीर एह बात के पुष्टि ना कइलें कि कप्तान रोहित शर्मा ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सिडनी टेस्ट के हिस्सा होईहें कि ना। भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच सुक से सिडनी क्रिकेट ग्राउंड पs बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पांचवां आ अंतिम टेस्ट मुकाबला खेलल जाये के बा। रोहित के फॉर्म चिंता के विषय बनल बा आ ऊ रन बनावे खातिर जूझ रहल बाड़ें, एकरा से भारतीय कप्तान के टेस्ट भविष्य के लेके अटकलन के बाजार गरम हो गइल बा।

‘प्लेइंग-11 का फैसला मैच से पहले होगा’


गंभीर सिडनी टेस्ट से पहिले प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें, एह दौरान जब उनका से रोहित के प्लेइंग-11 में सामिल होखला के लेके पूछल गइल तs ऊ एकर कवनो जवाब ना देलें आ सवाल टाल गइलें। रोहित हालांकि, अभ्यास करत लउकल रहस आ टीम के साथी खिलाड़ियन के संगे फुटबॉल खेलत नजर आइल रहस। रोहित के बारे में पूछल गइला पs गंभीर कहलें कि अभी प्लेइंग-11 तय नइखे कइल गइल आ एकर फैसला बिहान पिच देखला के बादे लिहल जाई।

रोहित के प्रेस कॉन्फ्रेंस में ना अइला पs का बोलले गंभीर?


प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान पत्रकार लगातार एह बारे में गंभीर से सवाल करते रहे लो कि पांचवां टेस्ट से पहिले कप्तान खुद प्रेस से बात करे काहे ना अइलें? गंभीर जहां एह बात के पुष्टि कइलें कि तेज गेंदबाज आकाश दीप पीठ में दिक्कत के कारण पांचवां टेस्ट के हिस्सा ना होइहें, जबकि रोहित के बारे में चुप्पी सधले रहस। गंभीर कहलें, रोहित के संगे सबकुछ ठीक बा। हमरा नइखे लागत कि मैच से पहिले प्रेस कॉन्फ्रेंस में कप्तान के आइल कवनो परंपरा हs। मुख्य कोच रउआ सभे के सोझा बाड़ें आ ई सही बा। हम काल्ह पिच के देखेम आ प्लेइंग-11 के अंतिम रूप देम।


जब ई पूछल गइल कि का रोहित भारतीय टीम के रणनीति के हिस्सा बाड़ें? एह पs गंभीर कहलें, जइसे कि हम कहनी कि हम काल्ह पिच देखके प्लेइंग-11 के बारे में फैसला लिहें। रउआ जेतना बेर पूछेम जवाब एके जइसन रही।

रोहित के जमके भइल रहे आलोचना


चउथा टेस्ट के बाद कप्तान रोहित शर्मा के बहुते आलोचना भइल रहे काहेकि ऊ खुद के शीर्ष क्रम पs ले आवे खातिर गिल के प्लेइंग-11 से बाहर रखले रहस। भारत के जदि बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी पs कब्जा बना के रखला के संगही विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के फाइनल के दउड़ में बनल रहे के बा तs टीम के सर्वोत्तम हित में कुछ विकल्पन में से सर्वश्रेष्ठ के चुने के होई। रोहित के लगातार विफल रहला के बाद कुछ पूर्व क्रिकेटरन सहित प्रशंसक लोग उनका टेस्ट क्रिकेट के भविष्य पs सवाल खड़ा कइले रहे। कुछ मीडिया रिपोर्ट्स में इहो बतावल गइल रहे कि रोहित सिडनी टेस्ट के बाद लाल गेना के प्रारूप से संन्यास के घोषणा कs दिहें। इहो चरचा बा कि भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के शीर्ष अधिकारी आ चयनकर्ता पहिलही एह फैसला के बारे में बात कs चुकल बा लो।

Read Also: IND vs AUS: सिडनी टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलिया प्लेइंग-11 में कइलस बदलाव, मिचेल मार्श बाहर; स्टार्क फिट

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment