IND vs AUS: सिडनी टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलिया प्लेइंग-11 में कइलस बदलाव, मिचेल मार्श बाहर; स्टार्क फिट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। ऑस्ट्रेलिया भारत के खिलाफ सुक से सिडनी में होखे वाला बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पांचवां आ अंतिम टेस्ट मुकाबला खातिर प्लेइंग-11 में एगो बदलाव कइले बा। कप्तान पैट कमिंस पुष्टि करत बतवलें कि ऑलराउंडर

Share

पैट कमिंस - फोटो : PTI


स्पोर्ट्स डेस्क। ऑस्ट्रेलिया भारत के खिलाफ सुक से सिडनी में होखे वाला बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पांचवां आ अंतिम टेस्ट मुकाबला खातिर प्लेइंग-11 में एगो बदलाव कइले बा। कप्तान पैट कमिंस पुष्टि करत बतवलें कि ऑलराउंडर मिचेल मार्श एह टेस्ट मैच में ना खेलिहें। उनका जगह पs ब्यू वेबस्टर के प्लेइंग-11 में जगह दिहल गइल बा, जे टेस्ट में डेब्यू करिहें। ऑस्ट्रेलिया एह सीरीज में फिलहाल 2-1 से आगे बा आ ओकरा लगे 2014 के बाद पहिला बेर बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी पs कब्जा जमावे के मवका रही।

मार्श एह सीरीज से बल्ला से दम दिखावे खातिर संघर्ष करत रहलें। ऊ चार टेस्ट मैचन के हर पारी में 10.42 के औसत से मात्र 73 रन बनवलें। कमिंस मैच से पहिले प्रेस कॉन्फ्रेंस में बतवलें कि चयनकर्ता फॉर्म में ना चल रहल मार्श के बाहर रखे के फैसला कइले बा लो जे गेना से प्रभावित ना कs पावत रहलें। मार्श के जगह टीम में सामिल कइल गइल वेबस्टर ऑस्ट्रेलिया खातिर टेस्ट खेले वाला 469वां खिलाड़ी होइहें।

स्टार्क भइलें फिट

कमिंस संगही बतवलें कि टीम के तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क फिट बाड़ें आ भारत के खिलाफ अंतिम टेस्ट मैच में खेलिहें। स्टार्क मेलबर्न में खेलल गइल चउथा टेस्ट के दौरान पीठ के समस्या से जूझते दिखल रहस, बाकिर ऊ साल के पहिला टेस्ट में खेले खातिर फिट करार दिहल गइल बाड़ें, जवन उनका संगे-संगे ऑस्ट्रेलियो खातिर राहत के बात बा। कमिंस कहलें कि स्टार्क कबो अंतिम टेस्ट के योजना से बाहर ना रहस, काहेकि ई तेज गेंदबाज सीरीज के निर्णायक मुकाबला में अहम भूमिका निभइहें।

कमिंस वेबस्टर के सरहलें

सीरीज में बढ़त लेला के बावजूद ऑस्ट्रेलिया विजयी संयोजन के छेड़े से परहेज ना कइलस आ ऊ वेबस्टर के अंतरराष्ट्रीय स्तर पs खुद के साबित करे के मवका देलें। घरेलू सर्किट में बेवस्टर अपना खेल से बहुते प्रभावित कइले बाड़ें। कमिंस कहलें, मिचेल मार्श रन ना बना पावत रहलें आ एह सीरीज में लगातार आपन विकेट गंवावत रहस, एहिसे हमनी के फैसला कइनी सs कि कवनो नया खिलाड़ी के मवका दिहल जाव आ वेबस्टर सबसे उपयुक्त बाड़ें। मार्श खातिर ई शर्मिंदगी के बात बा काहेकि ऊ अतीत में टीम खातिर बहुत जोगदान देले बाड़ें, बाकिर हमनी के लागत बा कि वेबस्टर के मवका देहल सही बा।

सिडनी टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलिया के प्लेइंग-11 एह तरे बा…

सैम कोंस्टास, उस्मान ख्वाजा, मार्नस लाबुशेन, स्टीव स्मिथ, ट्रेविस हेड, ब्यू वेबस्टर, एलेक्स कैरी (विकेटकीपर), पैट कमिंस (कप्तान), मिचेल स्टार्क, नाथन लियोन, स्कॉट बोलैंड।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.