[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के CM केजरीवाल ठरकी हवें? के ह Esmee, जेके फॉलो कइले के कारन सोशल मीडिया पs #TharkiKejriwal कs रहल बा ट्रेंड?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अरविंद केजरीवाल दिल्ली के मुख्यमंत्री हवें। राजनीति में तहलका मचावे आइल रहनें। हमेशा सुर्खियन में रहल भी जानेने। फिलहाल सोशल मीडिया के जनता #TharkiKejriwal (ठरकी केजरीवाल) के ट्रेंड करवा रहल बा। कौनो सुंदर महिला के गंदा-गंदा फोटो-वीडियो के साथ अरविंद केजरीवाल के नाम जोड़ा जा रहल बा।

ट्विटर पर @Esmee4Keeps नाम के एहो अकाउंट बा। प्रोफाइल फोटो कौनो महिला के ह – दिखने में सुंदर अउर छोट कपड़ा पहिनले। अरविंद केजरीवाल एह महिला को फॉलो कइलें, अइसन ट्विटर पर मौजूद जनता के कहनाम बा। खाली कहनामे नाइ बा, एह लोग के सबूत के तौर पर फोटो-वीडियो भी उपलब्ध करवले बा।

कौनो महिला के फॉलो कs लेहलें भर से आखिर केहू ठरकी या हमेशा सेक्स के बारे में सोचे वाला भला कइसे हो सकsता? एकरे खातिर हमनीके जाँच पड़ताल कइलीं जा। @Esmee4Keeps नाम के अकाउंट कुल चार फोटो ट्वीट कइलें बा। सामाजिक दृष्टि से देखल जाव त चारों फोटो गंदा त बा– कहीं खाली पैंटी दिखा रहल बा त कहीं बिना ब्रा पहिनले।

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल शायद इहवें फिसल गइलें या पिघल गइलें। ओइसहूँ बड़ राजनेता कब्बो कहले रहनें कि लइका हवें, गलती हो जाला। खैर! सोशल मीडिया के जनता न त नेता ह, न ही माफ करे वाली भीड़। केजरीवाल भी रगड़ दिहल गइलें–#TharkiKejriwal (ठरकी केजरीवाल) ट्रेंड करवा के।

https://twitter.com/imDipanshu07_/status/1580084361306996736?t=3eJ1dTc5raeojaL3oqz5qA&s=19

https://twitter.com/Honeybae44/status/1580107009076363264?t=AzSJ-2zfD2fFhKwF3sdm1w&s=19

एतना सब हो गइले के बाद हमने अरविंद केजरीवाल के ट्विटर हैंडल के पड़ताल कइल गइल। रिपोर्ट लिखत समय उनके हैंडल @Esmee4Keeps के फॉलो नाइ कइल गइल बा। एकर मतलब भइल कि एह अकाउंट के अनफॉलो कs दिहल गइल बा।

साभार – ऑप इण्डिया

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]