[the_ad_group id="30365"]

IPS मणिलाल पाटीदार कइलें सरेंडर:लखनऊ कोर्ट में कइलें सरेंडर, डेढ़ साल से फरार रहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फरार IPS मणिलाल पाटिदार लखनऊ के एंटी करप्शन कोर्ट में सरेंडर कइले बानें। ऊ करीब डेढ़ साल से फरार रहलें। उनका पर एक लाख रुपया के इनाम रहल। महोबा में एसपी रहत क्रशर कारोबारी के मौत के मामला में वांटेड रहलें।

क्रशर कारोबारी इंद्रकांत त्रिपाठी के 8 सितंबर 2020 के संदिग्ध परिस्थिति में गोली लागल रहे। करीब 5 दिन तक कानपुर के एक अस्पताल में इलाज के बाद मौत हो गइल रहे। एसे पहिले 7 सितंबर 2020 के इंद्रकांत एगो वीडियो जारी कs के पाटीदार पर संगीन आरोप लगात खुद के हत्या के आशंका जतवले रहनें।

वीडियो में कारोबारी आरोप लगवले रहनें कि मणिलाल पाटीदार कारोबार करे खातिर 6 लाख रुपया के रिश्वत मंगले रहनें। न देहले पर हत्या करावे या जेल भेजे के धमकी देहले रहनें। इंद्रकांत के मौत के बाद उनके भाई रविकांत महोबा के पूर्व SP मणिलाल पाटीदार, कबरई थाना के तत्कालीन इंस्पेक्टर देवेंद्र अउर कांस्टेबल अरुण अउर दू दूसर लोग के खिलाफ FIR दर्ज करवले रहनें।

के ह मणिलाल पाटीदार

महोबा में एसपी रहत मणिलाल पाटीदार जनता से जम के उगाही कइलें। अभिन उनके नौकरी करत कुछ महीना ही भइल रहे लेकिन ओपर वसूली अउर रिश्वत के गंभीर आरोप लागे लागल, ऊ बदनाम होखे लगलें। एही दौरान मणिलाल महोबा के एगो क्रेशर कारोबारी इन्द्रकांत त्रिपाठी से रिश्वत मंगलें।

एसपी मणिलाल उनसे 6 लाख रुपया हर महीना देहले के मांग कइलें। क्रेशर व्यवसायी रुपया देहले से इंकार कs दिहलें। मणिलाल उनके प्रताड़ित कइल शुरू कs दिहलें। उनकर कारोबार बंद करावे के कोशिश कइल जाए लागल। उनके ठिकाना पs छापेमारी कइल गइल। ओ कारोबारी के एतना परेशान कइल गइल कि उ खुद के गोली मार के खुदकुशी कs लेहले रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]