IPL में पहिली बेर उतरी लखनऊ सुपर जायंट्स:आज होई IPL- 15 के आगाज, यूपी के 20 खिलाड़ी बनवने सब 10 टीम में जगह
IPL 2022 का 15वां सीजन शनिवार (26 मार्च) से शुरू होई। IPL 2022 के पहिला मुकाबला मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में चेन्नई सुपर किंग्स अउर कोलकाता नाइट राइडर्स के बीच होई। IPL के एह सीजन में लखनऊ सुपर जायंट्स अउर गुजरात टाइटंस दू ठो नयका टीमो उतर रहल बा। 10 टीमों के टूर्नामेंट में लीग राउंड में कुल 70 मुकाबले होखे के बा। ई सारा मैच महाराष्ट्र में खेलल जाई। एमे मुंबई के 3 वेन्यू शामिल बा।
मुंबई इंडियंस के कुछ मैच वानखेड़े स्टेडियम में खेले के मिली। प्लेऑफ के 4 मैच के शेड्यूल पर अब ले फैसला नाइ भइल बा। 2011 के बाद ई पहिला अवसर होई जब विश्व क्रिकेट में सबसे प्रतिष्ठित टी 20 ट्रॉफी खातिर 10 टीम आपस में भिडिहें। देश में कोविड-19 के स्थिति नियंत्रण में होखले से 2019 के बाद पहिला बेर क्रिकेट प्रेमियन के स्टेडियम में जा के मैच के आनंद उठवलेने के मौका मिली। स्टेडियम के क्षमता के 25 प्रतिशत दर्शक एह स्टेडियम में जा के देख पइहें।







