[the_ad_group id="30365"]

IPL: CSK के चार बेर खिताब जिता चुकल धोनी छोडले कप्तानी, जडेजा के मिलल कमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महेंद्र सिंह धोनी पहिला बेर आईपीएल इतिहास में चेन्नई के कप्तान ना होइहे। ऊ टीम के कप्तानी से इस्तीफा दे देले बाड़े। उनका जगे पs जडेजा के कप्तानी के जिम्मेवारी दे दिहल गइल बा। CSK अपना ट्विटर अकाउंट से एह बात के घोसना कइलस।

जडेजा साल 2012 से चेन्नई टीम के हिस्सा बाड़े। माही के कप्तानी चेन्नई के चार बेर खिताब जीते के उपलब्धि हासिल बा। धोनी 14 साल से चेन्नई सुपर किंग्स के कप्तान रहले हs। ई पहिला मवका हs जब कप्तान CSK बदलले बा। मानल जा रहल ई साल धोनी के आईपीएल में आखिरी साल होई।

आईपीएल में धोनी के बतौर कप्तान इतिहास

  • 213 मैचन में कप्तानी करत 130 मैच में जीत। 
  • 14 साल में खाली 6 मैच में रैना के कप्तानी में खेलल CSK। 
  • 220 मैच में 39.55 के औसत से 4746 रन धोनी के बैट से। 
  • साल 2010, 2011, 2018 आ 2021 में आईपीएल जितवले। 
  • साल 2010 आ 2014 में चैम्पियनस् लीग टी-20 के खिताब। 
  • रिकॉर्ड 9 बेर फाइनल में चेन्नई के टीम। 
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]