[the_ad_group id="30365"]

IPL 2025 Points Table: का आरसीबी खातिर ‘ई साला कप नामदू’ होई? चेन्नई सुपर किंग्स के नेट रन रेट के लागल झटका

IPL 2025 Points Table: का आरसीबी खातिर 'ई साला कप नामदू' होई? चेन्नई सुपर किंग्स के नेट रन रेट के लागल झटका
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क : आईपीएल 2025 में अब तक आठ मैच खेलल जा चुकल बा। सुक के रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु चेन्नई सुपर किंग्स के ओकरा घर में 50 रन से हरा देलस। एह जीत के संगही आरसीबी के टीम अंक तालिका में शीर्ष पइs पहुंच गइल बा। दुगो बड़ जीत के बाद बेंगलुरु के नेट रन रेट उछाल पs बा। ओहिजा, चेन्नई के नेट रन रेट के तगड़ा झटका लागल बा। 50 रन के बड़ हार ओकरा के अंक तालिका में नीचे धकेल देले बा। आईं जानल जाव अंक तालिका के मवजूदा हाल…

बेंगलुरु के टीम सानदार फॉर्म में

बेंगलुरु खातिर का एह ‘ई साला कप नामदू’ (एह साल कप हमनी के होई) होई? ई तs वक्ते बताई, बाकिर जवना तरे से नया कप्तान रजत पाटीदार के भीतर ई टीम सुरुआती दुगो मैच खेलले बा, ओकरा से लाग रहल बा कि अबकी बेर सब खिलाड़ी चार्ज्ड अप होके आइल बा लो। टीम अपना पहिला मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स के ओकरा घर पs हरवला के बाद चेन्नई सुपर किंग्स के ओकरा के घर में हरवले बा। दुगो बाहरी मैच जीतके टीम अंक तालिका में शीर्ष पs पहुंच गइल बिया। टीम खातिर अच्छा बात ई बा कि ओकरा घर पs सात मैच खेले के बा। अइसन में दुगो बाहरी जीत आरसीबी के काम आ सकत बा। बेंगलुरु के फिलहाल दुगो मैचन में चार अंक आ +2.266 के बेहतरीन नेट रन रेट बा। टीम के गेंदबाजी आ बल्लेबाजी दुनो संतुलित दिख रहल बा।

चेन्नई के टीम के नेट रन रेट निगेटिव

ओहिजा, चेन्नई सुपर किंग्स मुंबई इंडियंस के खिलाफ आपन पहिला मैच जीतला के बाद आरसीबी के खिलाफ बड़ अंतर से हारल। ओकर दु मैचन के बाद दुगो अंक तs बा, बाकिर नेट रन रेट +0.493 से -1.013 पs जा चुकल बा। अब टीम के पहिले अपना नेट रन रेट के सुधारे के होई आ एकरा खातिर जीत हासिल करे के होई। लीग राउंड के आखिरी चरण में नेट रन रेट बहुते मायने रखत बा। चेन्नई के टीम फिलहाल अंक तालिका में सातवां स्थान पs बा।

लखनऊ आ दिल्ली के जलवा

लखनऊ के टीम दु मैचन में एगो जीत आ एगो हार के संगे अंक तालिका में दूसरका स्थान पs बिया। दिल्ली के खिलाफ पहिला मैच करीबी अंतर से गंववला के बाद ऊ सनराइजर्स हैदराबाद जइसन मजबूत टीम के बड़ अंतर से शिकस्त देलस आ ओकर नेट रन रेट सुधर गइल। लखनऊ के दुगो अंक बा आ ओकर नेट रन रेट +0.963 बा। पंजाब किंग्स एगो मैच में एक जीत आ दु अंक के संगे तीसरा स्थान पs बा। ओकर नेट रन रेट +0.550 बा। जबकि दिल्ली कैपिटल्स दु अंक आ +0.371 के नेट रन रेट लेके चउथा स्थान पs बिया।

हैदराबाद के नेट रन रेट माइनस में

एकरा नीचे के सब टीमन के नेट रन रेट निगेटिव बा। सनराइजर्स हैदराबाद के दु मैचन के बाद एगो जीत आ एगो हार के संगे दु अंक बा। टीम -0.128 के नेट रन रेट के संगे अंक तालिका में पांचवां स्थान पs बिया। ओहिजा, कोलकाता नाइट राइडर्स दु मैचन में एक जीत आ एक हार के संगे दु अंक आ -0.308 के नेट रन रेट के संगे छठा स्थान पs बिया। एकरा बाद चेन्नई सुपर किंग्स के नंबर आवत बा। मुंबई इंडियंस, गुजरात टाइटंस आ राजस्थान रॉयल्स के जीत के खाता नइखे खुलल। मुंबई के नेट रन रेट -0.493, गुजरात के -0.550 आ राजस्थान के -1.882 बा। आज मुंबई आ गुजरात के बीच मुकाबला बा आ जीते वाली टीम के आज खाता खुल जाई।

अंक तालिका के मौजूदा हाल

टीममैचजीतहारअंकनेट रन रेट
बेंगलुरु22042.266
लखनऊ21120.963
पंजाब11020.550
दिल्ली11020.371
हैदराबाद2112-0.128
कोलकाता2112-0.308
चेन्नई2112-1.013
मुंबई1010-0.493
गुजरात1010-0.550
राजस्थान2020-1.882

Read Also: IPL 2025 में पहिला जीत मिलते ऋषभ पंत के मिलल राहत, एह प्लेयर्स के तारीफ में खोलले दिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]