IPL 2025 Auction: मेगा नीलामी में कवनो उमिर के केतना खिलाड़ी? कुल 574 में से 67 फीसदी क्रिकेटर 21 से 30 साल के

Share

IPL 2025 Auction: मेगा नीलामी में कवनो उमिर के केतना खिलाड़ी? कुल 574 में से 67 फीसदी क्रिकेटर 21 से 30 साल के

आईपीएल 2025 खातिर 24 आ 25 नवंबर के नीलामी होई। एह साल 13 साल से लेके 42 साल के उमिर तक के खिलाड़ी ऑक्शन में उतर रहल बा लो। कुल 574 खिलाड़ी नीलामी के हिस्सा बा लो, जेमे से अधिकतम 204 खिलाड़ियन पर बोली लागी। भारत सहित 13 देसन के खिलाड़ी नीलामी के हिस्सा बा लो। अइसन में 10 टीमन के बीच खिलाड़ियन के किने के होड़ देखे लायक होई। मेगा ऑक्शन में 21 से 30 साल के खिलाड़ियन के संख्या सबसे जादे बा। एह आयु वर्ग के खिलाड़ियन के संख्या 67 प्रतिशत बा। एकरा बाद 31 से 40 साल के खिलाड़ियन के संख्या बा। अइसन खिलाड़ी 23 प्रतिशत बा। ओहिजा, 13 से 20 साल के नव प्रतिशत बा लो। एगो खिलाड़ी 41+ के उमि कोर के बाड़ें।

नीलामी में कवनो आयु वर्ग के केतना खिलाड़ी

एह नीलामी में 13 साल के बिहार के वैभव सूर्यवंशी सबसे नवहा खिलाड़ी होइहें। उनकर आधार मूल्य 30 लाख रुपिया बा। ओहिजा, इंग्लैंड के पूर्व तेज गेंदबाज 42 साल के जेम्स एंडरसन पहिला बेर नीलामी में उतरिहें। ऊ एह नीलामी में सबसे उम्रदराज खिलाड़ी बाड़ें। एंडरसन अपना बेस प्राइस 1.25 करोड़ रुपिया रखलें बाड़ें। एंडरसन 2014 से कवनो टी20 मैच नइखन खेलले आ कबो आईपीएल के हिस्सा नइखन रहल। हालांकि, अब ऊ आईपीएल में उतरे के मन बनवले बाड़ें। ऊ जुलाई 2024 में क्रिकेट से संन्यास ले चुकल बाड़ें। उनका अनुभव के देखते कइयन टीम उनका पs दांव लगा सकत बाड़ी सs।

नीलामी में उतररे वाला सबसे नवहा खिलाड़ी

खिलाड़ी देस उम्र
वैभव सूर्यवंशी भारत 13
आयुष महात्रे भारत 17
आंद्रे सिद्धार्थ भारत 18
क्वेना मफाका दक्षिण अफ्रीका 18

बिहार के वैभव सबसे नवहा खिलाड़ी

वैभव के अलावे नीलामी में 17 साल के आयुष महात्रे, 18 साल के आंद्रे सिद्धार्थ आ क्वेना मफाका दिखिहें। मफाका दक्षिण अफ्रीका के तेज गेंदबाज हवे आ पिछलका सीजन में मुंबई इंडियंस से खेलले रहस। ई चारो एह नीलामी के चार सबसे नवहा खिलाड़ी होई लो। ओहिजा, एंडरसन के अलावा नीलामी में 40 साल के इंग्लैंड के जेमी ओवरटन आ दक्षिण अफ्रीका के पूर्व कप्तान फाफ डुप्लेसिस आ 39 साल के मोहम्मद नबी होइहें। ई चारों एह नीलामी में उतरे वाला सबसे उम्रदराज खिलाड़ी होई लो। नीलामी में भारत के सबसे उम्रदराज खिलाड़ी जलज सक्सेना आ रविचंद्रन अश्विन होई लो। जलज के उमिर 37 साल आ अश्विन के 38 साल बा।

नीलामी में उतरे वाला सबसे उम्रदराज खिलाड़ी

खिलाड़ी देस उम्र
जलज सक्सेना भारत 37
फाफ डुप्लेसिस दक्षिण अफ्रीका 40
मोहम्मद नबी अफगानिस्तान 39
जेमी ओवरटन इंग्लैंड 40
जेम्स एंडरसन इंग्लैंड 42

 

नीलामी में 318 अनकैप्ड भारतीय खिलाड़ी

एह साल मेगा नीलामी में शॉर्टलिस्ट कइल गइल 574 खिलाड़ियन में से 48 कैप्ड भारतीय खिलाड़ी, 193 कैप्ड बिदेसी खिलाड़ी, तीन एसोसिएट देस के खिलाड़ी, 318 अनकैप्ड भारतीय खिलाड़ी आ 12 अनकैप्ड बिदेसी खिलाड़ी बा लो। कैप्ड खिलाड़ी ऊ बा लो जे अंतरराष्ट्रीय मैच खेलले बा लो। ओहिजा, अनकैप्ड खिलाड़ियन के अब तक अंतरराष्ट्रीय डेब्यू नइखे हो सकल। मेगा नीलामी में दु करोड़ के आधार मूल्य वाला 81 खिलाड़ी, 1.5 करोड़ रुपिया के आधार मूल्य वाला 27 खिलाड़ी, 1.25 करोड़ रुपिया के आधार मूल्य वाला 18 खिलाड़ी, एक करोड़ रुपिया के आधार मूल्य के 23 खिलाड़ी, 75 लाख रुपिया के आधार मूल्य वाला 92 खिलाड़ी, 50 लाख रुपिया के आधार मूल्य वाला आठ खिलाड़ी, 40 लाख रुपिया के आधार मूल्य के पांच खिलाड़ी, 30 लाख के आधार मूल्य वाला 320 खिलाड़ी बा लो।

बेस प्राइस आ ओह बेस प्राइस में शॉर्टलिस्टेड खिलाड़ी

बेस प्राइस केतना खिलाड़ी
2 करोड़ रुपिया 81
1.5 करोड़ रुपिया 27
1.25 करोड़ रुपिया 18
1 करोड़ रुपिया 23
75 लाख रुपिया 92
50 लाख रुपिया 8
40 लाख रुपिया 5
30 लाख रुपिया 320
कुल 574

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-