IPL 2022 आजु RR Vs RCB के बीचे टक्कर

Share

IPL के 13वें मुकाबला में आजु साँझ 7:30 बजे से रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के सामना राजस्थान रॉयल्स से होई। एक ओर RCB खातिर बतौर कप्तान फाफ डु प्लेसिस होई त दूसरा ओर RR के तरफ से संजू सैमसन मोर्चा सम्हालिहें। ई मुकाबला मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल जाई।

आजु होखे वाला मुकाबला में बेंगलुरु टीम में ग्लेन मैक्सवेलो के वापसी संभव बा। ऊ टीम के साथ जुड़ गइल बा। कुछ दिन पहलही मैक्सवेल विनी रमन से शादी कइले रहने, जौने कारण ऊ एह IPL सीजन तनी देर से जुड़ने।

दिलचस्प बा कि एह मुकाबला में युजवेंद्र चहल बेंगलुरु के खिलाफ गेंदबाजी करत नजर अइहें। चहल अपने बयान में कहने कि उनके लग्गे पइसा के अहमियत नाइ रहल अउर ऊ RCB में रहल चाहत रहने, पर केहू उनसे एह बारे में बात नाइ कइलस। अब ले खेलल गइल दूनों मुकाबला में 5 विकेट चटकवले चहल के चहलकदमी RCB पर भारी पड़ सकत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-