[the_ad_group id="30365"]

आईपीएल: शुभमन गिल के दमदार अर्धशतक से दिल्ली के धोवलस गुजरात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैच के हाईलाइट्स

  • लॉकी फोर्गुसन के 28 रन देके 4 विकेट मिलल। 
  • शुभमन गिल 46 गेना में 84 रन, करियर के सबसे बड़ पारी खेलले।  
  • दिल्ली कावर से ऋषभ पंत 43 रन के सबसे बड़ पारी खेलले।  
  • मुस्ताफिजूर के तीन विकेट मिलल।

गुजरात टाइटन्स सनीचर के भइल आईपीएल के दुसरका मैच में दिल्ली कपिटल्स के 14 रन से हरा के दुसरका जीत दर्ज कइलस। गुजरात टॉस हार के पहिले बैटिंग करत शुभमन गिल के 46 गेना में 84 रन के करियर के सर्वश्रेष्ठ पारी के मदद से छव विकेट पs 171 रन बनवलस। ओकरा बाद दिल्ली के टीम नव विकेट पs 157 रन बना सकल। गुजरात खातिर फोर्गुसन (28/4) के आलावे शामी के दु आ हार्दिक आ रशीद के 1-1 विकेट मिलल।

शुभमन गिल(गुजरात टाइटन्स )

पंत के दिल्ली खातिर सबसे बेसी रन

दिल्ली कावर से कप्तान ऋषभ पंत के सबसे बेसी 43 रन आइल। ऊ ललित यादव (25) के संगे चउथा विकेट ला 61 आ रोवमेन पावेल (20) का संगे पांचवा विकेट ला 23 रन के साझेदारी कइले। मंदीप सिंह 18, कुलदीप यादव 14 आ पृथ्वी शा के 10 रन के जोगदान रहल।

दिल्ली के कप्तान पंत शौट खेलत (फोटो-दिल्ली कैपिटल्स, ट्विटर)

गिल-हार्दिक के 65 रन के साझेदारी

गिल कप्तान हार्दिक के संगे तीसरा विकेट ला 65 रन के साझेदारी कइले आ स्कोर सव के पार पहुंचवले। डेविड मिलर 20 रन बना के नाबाद लवटले। मुस्ताफिजूर के तीन आ खलील अहमद के दु विकेट मिलल।अंतिम 60 गेना मेन गुजरात के टीम 105 रन बनवलस, जवन मैच के नतीजा में बहुते फरक डललस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]