[the_ad_group id="30365"]

Instagram यूजर्स के मउज, जल्दीए आ रहल बा कमाल के AI फीचर, टाइप करे के टेंशन खतम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इंस्टाग्राम आपन लाखन यूजर खातिर एआई आधारित फीचर ले आवे के तैयारी में बा। मेटा के फोटो अवुरी छोट वीडियो शेयरिंग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के इs फीचर टेस्टिंग के दौरान देखल गईल बा। इंस्टाग्राम के इs फीचर यूजर के फोन पs टाइप करे के आदत से मुक्त कs सकता। एकरा अलावे इंस्टाग्राम के माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म थ्रेड्स खातिर भी बहुत नाया फीचर के परीक्षण कईल जाता।

इंस्टाग्राम के इs,,एआई फीचर यूजर के डायरेक्ट मैसेज यानी डीएम में पैराफ्रेज अवुरी स्टाइल बदले में सुविधा दिही। इंस्टाग्राम एह फीचर के नाम Writing With AI रखले बा। एह फीचर के सबसे पहिले एगो मोबाइल डेवलपर अलेसैंड्रो पॉलोजी देखले रहले। अलेसैंड्रो एह फीचर के स्क्रीनशॉट एक्स पs शेयर कईले बाड़े अवुरी लिखले बाड़े कि आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस आधारित एs फीचर से यूजर के अपना संदेश के अलग-अलग स्टाइल में पैराफ्रेज करे के आजादी मिली। इs ठीक गूगल के मैजिक कम्पोज निहन काम करी।

फिलहाल इंस्टाग्राम के एs एआई फीचर के बारे में बहुत जानकारी नईखे मिलल। हालाँकि, ई साफ बा कि एआई के माध्यम से मैसेज के जेनरेट ना कइल जा सकेला, बाकी ई मैसेज संपादक के रूप में काम कs सकेला। कहल जात बा कि मेटा के ई फीचर खाली अमेरिकी यूजर खातिर ले आवल जा सकेला।

Threads के नया फीचर

एकरा संगे इंस्टाग्राम बैक थ्रेड्स में भी जल्दिए एगो नाया फीचर आई। एह फीचर के माध्यम से यूजर अपना कवनो पोस्ट के बुकमार्क कs सकेले। अगर यूजर चाहस तs ऊ अपना पसंदीदा पोस्ट के बुकमार्क कs सकेलें ठीक ओसहीं जइसे यूजर अपना कवनो पोस्ट के पिन कs सकेलें। थ्रेड के इs फीचर फिलहाल खाली कुछ यूजर खातीर उपलब्ध बा, जल्दिए एकरा के सभ बीटा यूजर खातीर लागू कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]