
गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे आला घटना सोझा आइल बा। इहां सिकरीगंज इलाका के बुधनपार मार्ग पs सुक के दुपहरिया 1:30 बजे एगो नवजात बच्चा के कटल माथ मिलला से सनसनी फइल गइल।
बाकिर, मवका पस डे भा अगल-बगल से ओकर धड़ नइखे मिलल। एहि वजे से आशंका जतावल जा रहल बा कि माथा के कहीं से ले आके फेंकल गइल बा। ओने, गांव में चरचा बा कि बच्चा के बलि दिहल गइल बा। पुलिस जद्दू पट्टी के रहनिहार संतोष सिंह के तहरीर पs हत्या आ साक्ष्य छिपावे के धारा में केस दर्ज कs लेले बिया। फिलहाल, पुलिस बच्चा के शिनाख्त आ ओकर धड़ के खोज में लागल बिया।
एसपी साउथ अरुण कुमार सिंह ने बतवले कि नवजात के कटल माथ मिलल बा। कोसिस कइल जा रहल बा कि ओकर पहचान हो जाव। धड़ नइखे मिलल। ए वजे से आशंका जतावल जा रहल बा कि कटल माथ के ले आके फेंकल गइल बा। पुलिस के टीम लागल बा। कटल माथ के पोस्टमार्टम खातिर भेजके केस दर्ज कs लिहल गइल बा। जल्दिये पुलिस घटना के पर्दाफाश करी।
साभार-अमर उजाला