Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजपुर गांव में जमीनी विवाद में भइल मारपीट में तीन घायल

118
सीवान इन्शुरेंस 720 90

स्थानीय थानाक्षेत्र के राजपुर गांव में सोमार के भोरे-भोरे  पहिले के जमीनी विवाद में भइल मारपीट में एगो  महिला सहित दू गो युवती गंभीर रूप से घायल हो गइल लो। जवना में घायलन में निमाजन खातून 40 बरिस, नर्गिस खातून 17 बरिस, रबीना खातून 19 बरिस बतावल जा रहल बा। एह लो के रघुनाथपुर रेफरल अस्पताल में प्राथमिक इलाज करावल जा रहल बा। मालूम होखे कि राजपुर में अजमेर हुसैन आ हबीब मिया के बीचे भोर में में पहिले से चलल आ रहल जमीनी विवाद के जगे पs हबीब मिया द्वारा सोमार के काम करावल जात रहे। जवना से अजमेर हुसैन के परिवार के लोग जमीन पs चल रहल काम के रोके के कोसिस कइल लो।

जवना के लेके बात विवाद के बीचे मारपीट हो गइल जवना में निमाजन खातून ,नर्गिस खातून, रबीना खातून घायल हो गइल लो। परिजन द्वारा रेफरल अस्पताल ले आइल गइल जहवां इलाज चल रहल बा। ओहिजा घायल अजमेर हुसैन के मेहरार निमाजन खातून द्वारा स्थानीय थाना में लिखित शिकायत में आपन पड़ोसी हबीब मिया सहित कुल पांच लोगन के आरोपित बनावल गइल बा। एह ममिला में पुलिस द्वारा मारपीट के ममिला के जांच कइल जा रहल बा। ई जमीनी विवाद पहिले से चल रहल बा। जवना पs स्थानीय प्रशासन द्वारा कवनो तरे के निर्माण के लेके रोक रहे, जब तक ममिला के निष्पादन ना हो जाइत।

Middle Yayawari
245260cookie-checkराजपुर गांव में जमीनी विवाद में भइल मारपीट में तीन घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.