[the_ad_group id="30365"]

राजपुर गांव में जमीनी विवाद में भइल मारपीट में तीन घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्थानीय थानाक्षेत्र के राजपुर गांव में सोमार के भोरे-भोरे  पहिले के जमीनी विवाद में भइल मारपीट में एगो  महिला सहित दू गो युवती गंभीर रूप से घायल हो गइल लो। जवना में घायलन में निमाजन खातून 40 बरिस, नर्गिस खातून 17 बरिस, रबीना खातून 19 बरिस बतावल जा रहल बा। एह लो के रघुनाथपुर रेफरल अस्पताल में प्राथमिक इलाज करावल जा रहल बा। मालूम होखे कि राजपुर में अजमेर हुसैन आ हबीब मिया के बीचे भोर में में पहिले से चलल आ रहल जमीनी विवाद के जगे पs हबीब मिया द्वारा सोमार के काम करावल जात रहे। जवना से अजमेर हुसैन के परिवार के लोग जमीन पs चल रहल काम के रोके के कोसिस कइल लो।

जवना के लेके बात विवाद के बीचे मारपीट हो गइल जवना में निमाजन खातून ,नर्गिस खातून, रबीना खातून घायल हो गइल लो। परिजन द्वारा रेफरल अस्पताल ले आइल गइल जहवां इलाज चल रहल बा। ओहिजा घायल अजमेर हुसैन के मेहरार निमाजन खातून द्वारा स्थानीय थाना में लिखित शिकायत में आपन पड़ोसी हबीब मिया सहित कुल पांच लोगन के आरोपित बनावल गइल बा। एह ममिला में पुलिस द्वारा मारपीट के ममिला के जांच कइल जा रहल बा। ई जमीनी विवाद पहिले से चल रहल बा। जवना पs स्थानीय प्रशासन द्वारा कवनो तरे के निर्माण के लेके रोक रहे, जब तक ममिला के निष्पादन ना हो जाइत।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]