दिल्ली-NCR में इंद्र देव दिहले वीकेंड सरप्राइज! झमाझम बरखा से मौसम भइल सुहावन

Share

 

दिल्ली-एनसीआर के अधिकतर इलाका में आजु सबेरे भारी बरखा भइल। हालांकि बरखा के बाद दिल्ली के द्वारका समेत कई इलाका में सड़क पs पानी के भरमार हो गईल बा। आजु सबेरे आफिस जाए में लोग के दिक्कत होता। बाकिर दिल्ली-एनसीआर में पिछला कई दिन से गरमी आ नमी जारी रहे जवना के बाद आजु इंद्र देव शनिचर के दिने लोग के सरप्राइज दिहलन आ भारी बरखा के चलते वीकेंड खातिर मौसम सुखद हो गइल।

दिन भर मौसम सुखद रही

मौसम विभाग अगिला चार दिन ले राष्ट्रीय राजधानी में बादल वाला मौसम आ हल्का बरखा के संभावना जतवले बा। भारत मौसम विभाग (आईएमडी) के मुताबिक, एकरा से पहिले मंगल अवुरी बुधवार के भी शहर में हल्का से मध्यम बरखा भईल रहे। आजु दिल्ली-एनसीआर में बारिश के साथे बादल भी गरज रहल बा। भारी बरखा के बाद राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में तापमान में काफी गिरावट आईल। मौसम विभाग के मुताबिक दिल्ली के आसपास के इलाका में अबो बादल छाइल बा अवुरी आजु दिन भर अयीसन बरखा के संभावना बा। दिल्ली के अलावे नोएडा अवुरी ग्रेटर नोएडा में दिन भर बरखा होखे के अनेसा बा।

काल्हु के दिन सबसे गरम रहे

दिल्ली-एनसीआर में पिछला कई दिन से लोग बरखा खातिर तरस गइल रहले। एह दौरान तेज धूप आ नमी के चलते लोग के खूब पसीना बहत रहे। दिल्ली-एनसीआर में गरमी एतना बढ़ गईल रहे कि 18 अगस्त यानी काल्ह अगस्त महीना के सबसे गरम दिन दर्ज भईल। आईएमडी के मुताबिक शुक के दिल्ली में अधिकतम तापमान 37.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल जबकि न्यूनतम तापमान 28.2 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-