[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: चिलुआताल के सुंदरीकरण में कम होइ कंक्रीट के इस्तेमाल, बनी पर्यटन के नया ठिकाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर के रामगढ़ताल के तर्ज पs शहर के उत्तरी किनारा पs स्थित चिलुआताल के विकास खातीर न्यूनतम कंक्रीट के इस्तेमाल कईल जाई। घाट के आसपास ताड़ के पेड़ ना लगावल जाई। लेक मैन ऑफ इंडिया के नाम से जानल जाए वाला आनंद मल्ली गावड़ के निरीक्षण के बाद पर्यटन विभाग उनुका निर्देश के पालन करत विकल्प के तलाश शुरू क देले बा।

चिलुआताल के सौंदर्यीकरण के बाद गोरखपुर पर्यटन के एगो नया स्थल बन जाई। अब ले जे इहाँ आवे से परहेज करेला, लेकिन आवे वाला समय में ए जगह के सुंदरता देखे आई।

पर्यटन विभाग चिलुआताल में 560 मीटर कंक्रीट के घाट, पटरी, गजेबिया, बेंच अवुरी शौचालय खातीर करीब 20 करोड़ रुपया के प्रस्ताव सरकार के भेजले रहे। प्रस्ताव के स्वीकार करत सरकार बजट जारी क देले बिया। एकरा बाद एकर काम तेजी से चल रहल बा।

क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविन्द्र कुमार मिश्रा बतवले कि लेक मैन ऑफ इंडिया के निरीक्षण के दौरान घाट के प्राकृतिक सुंदरता के कायम राखे खातीर बहुत निर्देश दिहल गईल। उनुकर निर्देश पूरा तरीका से लागू हो जाई। एकर कवायद शुरू हो गइल बा.

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]