[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: ना मिली व्यक्तिगत शादी अनुदान, होई व्यापक पैमाना प सामूहिक शादी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार अब व्यक्तिगत शादी अनुदान के बेवस्था के बंद क देले बिया। अब व्यापक पैमाना प सामूहिक शादी करावल जाई। एकरा खातिर शासन के तरफ से नवंबर दिसंबर के बाद 2023 खातिर जनवरी से लेके मार्च तक के शादी के तिथि निर्धारित बा। जिलाधिकारी के अध्यक्षता में बैठक के बाद ई तय होई कि कवना ब्लाक में कवना तिथि में सामूहिक शादी होई।

जिला समाज कल्याण अधिकारी वशिष्ठ नारायण सिंह बतवलें कि व्यक्तिगत शादी अनुदान के बेवस्था एही साल समाप्त क दिहल गइल। अब जवन शादी होई ऊ मुख्यमंत्री सामूहिक शादी होई। व्यक्तिगत शादी अनुदान में सरकार के तरफ से 20 हजार रुपिया के आर्थिक मदद मिलत रहे।

सामूहिक शादी में सरकार 51 हजार रुपिया खर्च कर रहल बिया। एमे से 35 हजार के धनराशि लईकी के खाता में भेजल जाला। 10 हजार रुपिया के शादी के सामान दिहल जाला। जबकि 6 हजार रुपिया शादी में खर्च कइल जाला। एह तरे से सरकार मुख्यमंत्री सामूहिक शादी में 51 हजार खर्च करेले।

सामूहिक शादी खातिर ब्लाक प आवेदन करे के होई। ओकर आवेदन एह समय आफलाइन कइल जा सकत बा। एमे लईकी के परिवार के वार्षिक आय दु लाख से बेसी ना होखे के चाहीं। लईकी के आयु 18 साल जबकि लईका के आयु 21 साल होखे के चाहीं।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]